अफगानिस्तान में 5.9 तीव्रता के भूकंप के चलते भारतो के धरती काँप गईल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 16, 2025

काबुल : अफगानिस्तान के हिन्दू कुश क्षेत्र में बुध के सबेरे भूकंप के झटका से जमीन हिल गईल। इलाका के कई हिस्सा में भूकंप के झटका महसूस भइल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक

Share

अफगानिस्तान में 5.9 तीव्रता के भूकंप

काबुल : अफगानिस्तान के हिन्दू कुश क्षेत्र में बुध के सबेरे भूकंप के झटका से जमीन हिल गईल। इलाका के कई हिस्सा में भूकंप के झटका महसूस भइल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक भूकंप के तीव्रता 5.9 रिक्टर पैमाना पs आईल। भारतीय समय के अनुसार सबेरे 4:43 बजे आईल भूकंप। एकर केन्द्र बगलान से 164 किमी पूरब में जमीन से 75 किलोमीटर नीचे गहिराई पs रहे। शुरुआती रिपोर्ट में कवनो तरह के जानमाल के नुकसान भा कवनो बड़हन नुकसान के खुलासा नइखे भइल. हालांकि देश में मौजूद मानवीय चुनौती के चलते एकर असर के लेके विशेषज्ञ चिंतित बाड़े। एकरा संगे फिलीपींस में भूकंप के झटका भी महसूस भईल।

अफगानिस्तान भूकंप के बहुत खतरा में बा, काहें से कि ई कई गो सक्रिय फाल्ट लाइन सभ पs पड़े ला जहाँ भारतीय आ यूरेशियन टेक्टोनिक प्लेट सभ के मिलन होला। हिन्दू कुश परबत श्रृंखला खास तौर पs सक्रिय बा अवुरी रेड क्रॉस के मुताबिक लगभग हर साल भूकंप आवेला। एगो बड़हन फाल्ट लाइन भी हेरात प्रांत से हो के गुजरे ले जेवना से भविष्य में भूकंप के खतरा अउरी बढ़ जाला।

इहो पढ़ीं: लखनऊ के लोकबंधु अस्पताल में लागल भयंकर आग, 200 मरीजन के बचावल गइल, एक के मउत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.