एक घंटा ठप रहला के बाद सुरू भइल X सर्विस: सबरे करीब 11 बजे से यूजर पोस्ट ना देख पात रहे लो, दुनियाभर में एकर 33 करोड़ यूजर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2023

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X के सर्विस फेर से सुरू हो गइल बा। ई प्लेटफॉर्म करीब एक घंटा डाउन रहल। एह कारण यूजर्स पोस्ट ना देख पावत रहे लो। भारत समेत दुनियाभर के यूजर्स के बियफे

Share

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X के सर्विस फेर से सुरू हो गइल बा। ई प्लेटफॉर्म करीब एक घंटा डाउन रहल। एह कारण यूजर्स पोस्ट ना देख पावत रहे लो। भारत समेत दुनियाभर के यूजर्स के बियफे सबेरे करीब 11 बजे से X के एक्सेस करे में समस्या होत रहे।

यूजर्स के पोस्ट के जगह एगो मैसेज लउकत रहे लो। जेमे लिखल रहे ‘वेलकम टु X’। एकरा प्लेटफॉर्म के डेस्कटॉप आ मोबाइल दुनो वर्जन प्रभावित भइल रहे। आउटेज ट्रैकिंग वेबसाइट डाउनडिटेक्टर.कॉम पs कइयन लोग X डाउन होखे के जानकारी देले रहे।

X के 33 करोड़ से जादे यूजर

स्टैटिस्टा के अनुसार दुनियाभर में X के करीब 33 करोड़ यूजर्स बा लो। अमेरिका में 9.5 करोड़ आ भारत में एकर 2.7 करोड़ यूजर्स बा लो। हर रोज करीब 50 करोड़ पोस्ट कइल जाला। एकरा के जुलाई 2006 में लॉन्च कइल गइल रहे। 27 अक्टूबर 2022 के एलन मस्क एकरा के 44 बिलियन डॉलर में किनले रहस। आज के हिसाब से ई रकम करीब 3.6 लाख करोड़ रुपिया होला।

एकरा पहिले मार्च में सर्विस डाउन भइल रहे

एकरा पहिले एही साल मार्च में X (तब ट्विटर) के सर्विस डाउन हो गइल रहे। तब यूजर्स के अपना टाइम लाइन पs ट्वीट देखे आ नया ट्वीट पोस्ट करे में परेसानी हो रहल बा। संयुक्त राज्य अमेरिका, यूके, जापान आ भारत सहित अलग-अलग देसन के यूजर्स आउटेज के शिकायत कइले रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.