Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वंदे भारत में मिली स्लीपर के सुविधा, Indian Railway जल्दिए लॉन्च करे वाला बा नया वर्जन

वंदे भारत एक्सप्रेस शुरू भइला के बाद से खबरन में बा। अब एगो बड़हन जानकारी सामने आ रहल बा कि भारतीय रेलवे आपन स्लीपर वर्जन लॉन्च करे जा रहल बिया। इंटीग्रेल कोच फैक्ट्री के महाप्रबंधक ए संबंध में बयान देले बाड़े।

275

 

वंदे भारत एक्सप्रेस में यात्रा करे वाला भा यात्रा करे के इच्छुक लोग खातिर एगो खुशखबरी बा। भारतीय रेलवे वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर संस्करण लॉन्च करे वाली बिया। एह मामिला पs इंटीग्रल कोच फैक्ट्री के महाप्रबंधक बीजी माल्या के बयान सामने आइल बा। उ कहले कि, हमनी के ए वित्तीय साल के भीतर वंदे के स्लीपर संस्करण लॉन्च करब। हमनी के एह वित्तीय साल में वंदे मेट्रो के भी शुरुआत करब जा। उ कहले कि, ‘हम गैर वातानुकूलित यात्री खातीर इ ट्रेन शुरू करब, जवना के नॉन-एसी पुश-पुल ट्रेन कहल जाला, जवना में 22 कोच अवुरी एक इंजन होई। ई लॉन्च 31 अक्टूबर से पहिले होखे वाला बा।

गोरखपुर से लखनऊ आवत वंदे भारत पs काल्हु पथराव भइल

देश में जब से वंदे भारत ट्रेन चले लागल बा तब से पथराव के बहुत घटना सोझा आईल बा। 15 सितंबर के भी गोरखपुर से लखनऊ आवत वंदे भारत एक्सप्रेस पs सबेरे पत्थर चलावे के घटना के सूचना मिलल रहे। एह ट्रेन के शुक्रवार के सबेरे मल्हौर स्टेशन से गुजरत घरी पथराव कईल गईल। एकरा चलते चेयरकार बोगी सी-4 के गिलास टूट गईल। हालांकि कवनो यात्री के जानमाल के नुकसान के खबर नईखे। आरपीएफ ए मामिला के जांच शुरू क देले बिया।

ए हमला के दौरान ट्रेन में मौजूद यात्री डेरा गईले अवुरी ओ लोग के बीच हंगामा मच गईल। बतावल जाता कि आरपीएफ हमलावर के तलाश में सीसीटीवी के जांच करतिया। बता दीं कि एह ट्रेन के 7 जुलाई के पीएम मोदी झंडा दिखइले रहले। ओकरा बाद से एह ट्रेन पs 5 बेर हमला भइल बा। पहिला बेर एह ट्रेन पs हमला तब भइल जब बकरी के कटले से नाराज स्थानीय लोग पथराव कइल। एह दौरान ट्रेन के चार बोगी के सीसा टूट गईल। वंदे भारत पs लगातार होखत हमला के रोके खातीर सरकार के एगो नाया योजना बनावे के जरूरत हो सकता।

 

 

 

 

641620cookie-checkवंदे भारत में मिली स्लीपर के सुविधा, Indian Railway जल्दिए लॉन्च करे वाला बा नया वर्जन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.