पत्रकार हत्याकांड: हैदराबाद से मुख्य आरोपी गिरफ्तार, छत्तीसगढ़ ले आवल बा SIT के टीम

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 6, 2025

बीजापुर के पत्रकार मुकेश चंद्राकर के हत्या के बाद फरार ठेकेदार के काल्हु रात हैदराबाद से एसआईटी के टीम गिरफ्तार कs लिहले बा. जवना के अपना संगे बीजापुर ले आवल जा रहल बा। जहां आगे

Share

पत्रकार हत्याकांड

बीजापुर के पत्रकार मुकेश चंद्राकर के हत्या के बाद फरार ठेकेदार के काल्हु रात हैदराबाद से एसआईटी के टीम गिरफ्तार कs लिहले बा. जवना के अपना संगे बीजापुर ले आवल जा रहल बा। जहां आगे के कार्रवाई होई। 

पुलिस पूछताछ करत बा
गिरफ्तारी अतवार के देर रात भइल. सुरेश से पुलिस के पूछताछ जारी बा। एकरा से पहिले पुलिस सुरेश के दुनो भाई रितेश चंद्राकर अवुरी दिनेश चंद्राकर के गिरफ्तार कs लेले रहे। एs मामला में एगो मजदूर के भी गिरफ्तार कईल गईल बा।

आरोपी एसआईटी के रडार पs रहे

शनिचर के दिने एसआईटी के टीम सुरेश के गिरफ्तार करे खातिर हैदराबाद गइल रहुवे. अतवार के देर रात उहाँ से गिरफ्तार कs लिहल गईल। पुलिस एs मामला में तीन लोग के गिरफ्तार कs चुकल बिया। एहमें सुरेश के दू भाई आ एगो मजदूर शामिल बाड़े. अब सुरेश के गिरफ्तारी के बाद पुलिस के उम्मीद बा कि एs मामला में अवुरी जानकारी मिलता।

इहो पढ़ीं :सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.