Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सिंगर केके के लाइव कॉन्सर्ट में निधन, कोलकाता में पड़ल दिल के दौरा

सिंगर केके के कोलकाता में कॉन्सर्ट के दौरान निधन हो गइल। उनका परफॉर्मेंस के दौरान दिल के दौरा पड़ल। एकरा बाद उनका के तुरंत CMRI हॉस्पिटल ले जाइल गइल। जहां डॉक्टर लो उनका मृत घोषित कs दिहल।

4,988

सिंगर केके के कोलकाता में कॉन्सर्ट के दौरान निधन हो गइल। उनका परफॉर्मेंस के दौरान दिल के दौरा पड़ल। एकरा बाद उनका के तुरंत CMRI हॉस्पिटल ले जाइल गइल। जहां डॉक्टर लो उनका के मृत घोषित कs दिहल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी समेत कइयन गो हस्ती लो केके के निधन पs शोक व्यक्त कइले बा।

असल में, मशहूर सिंगर केके कोलकाता के नजरूल मंच पs गुरुदास कॉलेज के फेस्टिवल में प्रस्तुति दत रहस। एही दौरान अचानक उनकर तबीयत बिगड़ गइल। एकरा बाद उनका के CMRI हॉस्पिटल पहुंचावल गइल, जहां डॉक्टर लो उनका के मृत घोषित कs दिहल। रिपोर्ट्स के मुताबिक केके के हार्ट अटैक की वजह से निधन भइल बा।

इहो बतावल जा रहल बा कि केके दू दिन के कॉन्सर्ट खातिर कोलकाता आइल रहस। उनकर सोमारो के एगो कॉन्सर्ट भइल रहे। विवेकानंद कॉलेज में ऊ ओह प्रोग्राम के कइले रहस। बाकिर दूसरका दिन कॉन्सर्ट के बाद ई हादसा हो गइल।

केके के पूरा नाम कष्ण कुमार कुन्नथ हs। केके 53 साल के रहले। ऊ हिंदी में 200 से जादे गाना गवले बाड़े। ऊ हम दिल दे चुके सनम जइसन फिल्मन में गाना गवले रहस। केके के निधन से बॉलीवुड में शोक के लहर बा। अधिकतर हस्तियन के तरफ से शोक व्यक्त कइल गइल बा।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी केके के निधन पs शोक व्यक्त कइले। अपना एगो ट्वीट में ऊ लिखा कि केके के निधन से दुखी बानी। उनकर गाना हर उमिर के लोगन के संगे कनेक्ट कइल। उनका गीतन खातिर उनका हमेशा इयाद राखल जाई। उनकर परिवार आ प्रशंसक लोग खातिर हमार संवेदना।

264190cookie-checkसिंगर केके के लाइव कॉन्सर्ट में निधन, कोलकाता में पड़ल दिल के दौरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.