वर्जीनिया के वॉलमार्ट स्टोर में गोलीबारी, कई लोग के मारल गइले के आशंका

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 23, 2022

अमेरिका में एक बेर फिर गोलीबारी के घटना भइल बा। वर्जीनिया के वॉलमार्ट स्टोर में गोलीबारी के खबर आ रहल बा। बतावल जा रहल बा कि गोलीबारी में कई लोग के मारल गइले के आशंका

Share

अमेरिका में एक बेर फिर गोलीबारी के घटना भइल बा। वर्जीनिया के वॉलमार्ट स्टोर में गोलीबारी के खबर आ रहल बा। बतावल जा रहल बा कि गोलीबारी में कई लोग के मारल गइले के आशंका बा। पुलिस बतवलस कि वर्जीनिया वॉलमार्ट में मंगर रात भइल गोलीबारी में कई लोग के मौत हो गइल बा। कई दूसर लोग घायल भी भइल बानें।

पुलिस के मानल बा कि ऊ एगो शूटर रहल। उहो मारल गइल बा। चेसापिक पुलिस प्रवक्ता एमपीओ लियो कोसिंस्की एकर जानकारी दीहले बा। कई रिपोर्ट्स में इहो दावा भी कइल जा रहल बा कि गोलीबारी स्टोर के मैनेजर ही कइलें। ऊ पहिले स्टाफ पर गोली बरसवल अउर फिर खुद के भी गोली मार लेहलें। हालांकि, एकर पुष्टि अब ले नाइ हो पवले बा।

एसे पहिले फिलाडेल्फिया के केंसिंग्टन अउर एलेघेनी इलाका स्थित एक बेर में कुछ बदमाश ताबड़तोड़ फायरिंग कइले रहनें। एह दौरान 12 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइलें। पिछले महीना 13 अक्तूबर के दक्षिणी अमेरिकी राज्य उत्तरी कैरोलिना से भी अइसने खबर सोझे आइल रहे। इहां के एगो रिहायशी इलाका में गोलीबारी भइल रहे, जेमें एगो ऑफ-ड्यूटी पुलिसकर्मी सहित पांच लोग के मौत हो गइल रहे। एसे पहिले फ्लोरिडा के टाम्पा शहर में भइल गोलीबारी में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल रहे अउर छह लोग घाही हो गइल।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.