स्वामी प्रसाद मौर्य के बयान से सपा बनवलस दूरी, शिवपाल यादव बोललें- हमनी के राम आ कृष्ण के आदर्शन पs चले वाला लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 24, 2023

स्वामी प्रसाद मौर्य के मुश्किल फिलहाल कम होत देखाई नइखे दे रहल, राजनीतिक दलन आ साधु संत के नाराजगी के बीच अब उनकर आपन पार्टी टिप्पणी से दूरी बना रहल बिया। एही कड़ी में शिवपाल

Share

स्वामी प्रसाद मौर्य के मुश्किल फिलहाल कम होत देखाई नइखे दे रहल, राजनीतिक दलन आ साधु संत के नाराजगी के बीच अब उनकर आपन पार्टी टिप्पणी से दूरी बना रहल बिया। एही कड़ी में शिवपाल यादव स्वामी से किनार करत उनका टिप्पणी के उनकर व्यक्तिगत बयान करार दे देले बाड़ें। एगो समाचार चैनल से बातचीत में शिवपाल यादव कहलें कि रामचरित मानस के लेके स्वामी प्रसाद मौर्य कहलें कि उ उनकर व्यक्तिगत विचार हs, पार्टी के ओकरा से कवनो लेना देना नइखे। ऊ कहलें कि हमनी  लोग राम-कृष्ण के आदर्शन पs चले वाला लोग हs। एकरा पहिले सपा नेता रविदास मेहरोत्रा स्वामी प्रसाद मौर्य के टिप्पणी के उनकर निजी बयान बतवले रहस।

शिवपाल यादव स्वामी के प्रकरण से खुद के अलग जरूर कs लेले बाकिर एह मुद्दा पs बीजेपी पs निशाना साध के मवको ना  छोड़ली। ऊ कहलें कि हमनी लोग राम आ कृष्ण के आदर्शन पs चले वाला लोग हs। प्राण जाए पs वचन न जाए के पालन करे वाला लोग हई सs बाकिर का बीजेपी भगवान के आदर्शन पs चल रहल बिया, ऊ कहलें कि जहां भगवान कबो झूठ ना बोलेले ओहिज बीजेपी के लोग खाली झूठ बोलेला, ऊ भगवाने के बेच रहल बा लो।

प्राप्त जानकारी के मोताबिक सपा प्रमुख अखिलेश यादव मौर्य से नाराज बतावाल जा रहल बाड़े। हालांकि अखिलेश अब तक एह प्रकरण पs मौन साध के रखले बाड़े। एने स्वामी प्रसाद के बहाने भाजपा सपा प्रमुख अखिलेश यादव के घेरल सुरू कइले बा आ उनका चुप्पी पs सवाल उठवलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.