शाहरुख के बेटा आर्यन खान केस से चरचा में अइले समीर, ईडी दर्ज कइलस केस, जानीं का हs मामिला

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2024

मुंबई : बॉलीवुड अभिनेता शाहरुख खान के बेटा आर्यन खान केस के चलते लाइमलाइट में आईल समीर वानखेड़े के परेशानी बढ़ गईल बा। ओकरा खिलाफ ईडी केस दर्ज करवले बा। समीर वानखेड़े फिलहाल एनसीबी (नार्कोटिक्स

Share

मुंबई : बॉलीवुड अभिनेता शाहरुख खान के बेटा आर्यन खान केस के चलते लाइमलाइट में आईल समीर वानखेड़े के परेशानी बढ़ गईल बा। ओकरा खिलाफ ईडी केस दर्ज करवले बा।

समीर वानखेड़े फिलहाल एनसीबी (नार्कोटिक्स कंट्रोल ब्यूरो) के अंचल निदेशक रहल बाड़े। समीर वानखेड़े के खिलाफ ‘मनी लांड्रिंग रोकथाम एक्ट (पीएमएलए एक्ट) के तहत मामिला दर्ज भईल बा। एs मामिला में मामिला दर्ज कईला के बाद ईडी कुछ लोग के भी बोलवले बा।

जवना मामिला में ईडी समीर वानखेड़े के खिलाफ केस दर्ज करवले बा, ओ मामिला में कुछ लोग से पूछताछ हो चुकल बा। हालांकि अब एs मामिला में अवुरी बहुत लोग के नाम सोझा आवे लागल बा अवुरी ईडी ओ लोग के समन भेज देले बिया। अयीसना में मानल जाता कि ईडी एs मामिला में कुछ बड़ कार्रवाई कs सकता। ईडी बहुते लोग के गिरफ्तार कs लिहलस ।मुंबई कार्यालय में फोन कs के पूछताछ कईले।

सीबीआई घूस लेबे के मामिला दर्ज करवले

एकरा से पहिले सीबीआई समीर वानखेड़े के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहे। शाहरुख खान के बेटा आर्यन के ड्रग्स के मामिला में फंसावे खातीर 25 करोड़ रुपिया के घूस मांगे के आरोप में समीर वानखेड़े अवुरी चार अवुरी लोग के खिलाफ सीबीआई प्राथमिकी दर्ज करवले रहे। एs सभ लोग पs पचास लाख रुपिया घूस के पहिला किस्त के रूप में लेवे के आरोप रहे। मामिला दर्ज कईला के बाद सीबीआई 29 लोकेशन पs छापामारी कईलस।

समीर हाईकोर्ट के दरवाजा खटखटवले 

एकरा बाद समीर वानखेड़े हाईकोर्ट में पहुंचल रहले। जवना में प्राथमिकी रद्द करे के संगे कार्रवाई खातीर अंतरिम सुरक्षा के मांग कईल गईल। एs प्राथमिकी के आधार पs ईडी वानखेड़े के खिलाफ मनी लांड्रिंग के मामिला दर्ज कईले बिया।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.