शाहबाज शरीफ बनलें पाकिस्तान के 24वां प्रधानमंत्री : 201 सांसदन के साथ मिलल; इमरान समर्थक उम्मीदवार के मिलल 92 वोट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2024

पाकिस्तान में शाहबाज शरीफ देस के 24वां प्रधानमंत्री बन गइल बाड़ें। उनका नेशनल असेंबली में 201 सांसदन के साथ मिलल। पाकिस्तानी मीडिया ‘द डॉन’ के मोताबिक, PTI समर्थक उम्मीदवार उमर अयूब खातिर 92 सांसद वोट

Share

पाकिस्तान में शाहबाज शरीफ देस के 24वां प्रधानमंत्री बन गइल बाड़ें। उनका नेशनल असेंबली में 201 सांसदन के साथ मिलल। पाकिस्तानी मीडिया ‘द डॉन’ के मोताबिक, PTI समर्थक उम्मीदवार उमर अयूब खातिर 92 सांसद वोट कइल लो। नेशनल असेंबली के स्पीकर अयाज सादिक नतीजन के घोषणा कइलें।

ई दूसरका बेर बा, जब शाहबाज शरीफ पाकिस्तान के PM चुनल गइल बाड़ें। एकरा पहिले साल 2022 में इमरान खान के सरकार गिरला के बाद शाहबाज शरीफ देस के प्रधानमंत्री बनल रहस। एकरा पहिले संसद के सत्र सुरू होखतही PTI समर्थक सांसद इमरान खान के पक्ष में ‘आजादी’ आ ‘कैदी नंबर 804’ के नारा लगावत नजर आइल लो। एकरा जवाब में PML-N के सांसद लोग ‘लॉन्ग लिव नवाज’ के नारा लगावल।

सरकार बनावे खातिर PML-N आ PPP गठबंधन कइल

आठ फरवरी के चुनाव के बाद नवाज शरीफ के PML-N आ बिलावल भुट्‌टो के PPP पार्टी बहुमत हासिल करे खातिर गठबंधन कइल। ई गठबंधन नवाज के छोट भाई आ पूर्व प्रधानमंत्री शाहबाज शरीफ के PM पद के उम्मीदवार घोषित कइले रहे।

ओहिजा, इमरान खान के समर्थन वाला सांसद अब सुन्नी इत्तेहाद काउंसिल (SIC) पार्टी के हिस्सा बा लो। ऊ इमरान खान के अप्रूवल के बाद उमर अयूब के PM पद के उम्मीदवार बनवले रहे। ई PTI के जनरल सेक्रेटरी आ पूर्व राष्ट्रपति अयूब खान के पोता हवे। अयूब खान उहे राष्ट्रपति हवे, जिनका कार्यकाल के दौरान भारत-पाकिस्तान के बीच 1965 के जंग भइल रहे।

इमरान समर्थक बोलल लो- शाहबाज चुनाव में धांधली कs के जीतलें 

उमर अयूब शाहबाज के उम्मीदवारी के लेके संसद के नया स्पीकर अयाज सादिक के सामने सवाल उठवलें। ऊ आरोप लगवलें कि शाहबाज चुनाव में धांधली के वजह से जीतल बाड़ें। अइसन में ऊ प्रधानमंत्री नइखन बन सकत।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.