गुजरात के मेहसाणा में कंपनी के दीवाल गिरले से बड़ हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 12, 2024

  गुजरात के मेहसाणा जिला के कादी तालुका के जासलपुर गांव के लगे एगो निजी कंपनी के दीवाल गिरला से 7 लोग के मौत हो गइल बा.  घटना जिला मुख्यालय से करीब 37 किलोमीटर दूर

Share

गुजरात में हादसा :फोटो

 

गुजरात के मेहसाणा जिला के कादी तालुका के जासलपुर गांव के लगे एगो निजी कंपनी के दीवाल गिरला से 7 लोग के मौत हो गइल बा.  घटना जिला मुख्यालय से करीब 37 किलोमीटर दूर कादी शहर के नजदीक भईल। कादी थाना के निरीक्षक प्रहलाद सिंह वाघेला बतवले कि जासलपुर गांव में एगो फैक्ट्री खातीर भूमिगत टंकी बनावे खातीर कई मजदूर गड्ढा खोदत रहले, तबे मती धस गईल अवुरी उ लोग जिंदा दब गईले। उs बतवले कि सात गो शव बरामद हो चुकल बा अवुरी कुछ मजदूर के दबले के आशंका बा।

कादी थाना के इंस्पेक्टर प्रहलाद सिंह वाघेला के मुताबिक भवन गिरला के चलते बहुत मजदूर दफन हो गईले। कुछ अउरी मजदूरन के फंसला के आशंका बा. बचाव अभियान चल रहल बा। बचाव दल मलबा के नीचे दफन कवनो अतिरिक्त मजदूर के सुरक्षित बरामदगी सुनिश्चित करे में लागल बिया।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.