फिलमी परदा के अलविदा कही के अब बन गइल बाड़े कंपनी के सीईओ, रामायण के ‘लव’ मयूरेश क्षेत्रमाडे

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2023

  तीन दशक से अधिका बीत गइल बा बाकिर दूरदर्शन पs प्रसारित रामायण के यादन के भुला दिहल आसान नइखे। ओह घरी हर रविवार के दूरदर्शन पs प्रसारित होखे वाला रामायण के हर कलाकार दर्शकन

Share

 

तीन दशक से अधिका बीत गइल बा बाकिर दूरदर्शन पs प्रसारित रामायण के यादन के भुला दिहल आसान नइखे। ओह घरी हर रविवार के दूरदर्शन पs प्रसारित होखे वाला रामायण के हर कलाकार दर्शकन खातिर भगवान जइसन हो गइल रहे। राम के भूमिका में अरुण गोविल होखे भा सीता के भूमिका में दीपिका चिखलिया होखे। हर कलाकार पूजा खातिर दर-दर जाए लागल। राम-सीता के बचपन से शुरू भईल इ महाकाव्य गाथा लव-कुश के बचपन तक पहुंचल। एकरा बाद उत्तर रामायण के टेलीकास्ट भइल जवना में लव आ कुश के आगे के कहानी सुनावल गइल।

का रउवा जानत बानी कि ओह रामायण में लव के बचपन के किरदार निभावे वाला कलाकार के हवें आ अब का कs रहल बाड़े?

रामायण में लव आ कुश के भूमिका निभावे वाला दू गो कलाकार रहलें क्रमशः मयूरेश क्षेत्रमाडे आ स्वप्नील जोशी रहले l एह दुनु में से कुश छोट परदा आ मराठी इंडस्ट्री के जानल मानल नाम अभिनेता स्वप्नील जोशी बन गइलन। एकरा बाद स्वप्नील जोशी के एगो शो में कृष्ण के रूप में देखल गईल। एकरा अलावे ऊ कुछ अउरी धारावाहिकन में नजर अइलें। उ ओटीटी पs भी सक्रिय बाड़े। लेकिन लव बनल मयूरेश क्षेत्रमाडे एकदम अलग दुनिया में आ गईल बाड़े। फिलिम भा टीवी परदा से उनकर जुड़ाव ढेर दिन ना चलल। बल्कि उ एगो अउरी लाइन लेके आगे बढ़ले अवुरी अब अपना काम में बहुत सफल बाड़े।

‘लव’ यूएस में रहेले

अभिनय से अलविदा कहत लव यानी मयूरेश क्षेत्रमाडे अपना पढ़ाई पs ध्यान देले। एकरा बाद उ कई गो बड़ कंपनी से जुड़ गईले अवुरी वर्तमान में कमिश्न जंक्सन एफिलिएट के सीईओ बाड़े। मयूरेश क्षेत्रमाडे अपना परिवार के संगे अमेरिका में रहेले। कहल जात बा कि ऊ एगो सफल अमेरिकी व्यापारी हउवें। एतने ना, उहाँ के दू गो विदेशी साहित्यकारन के सहयोग से स्पाइट एंड डेवलपमेंट नाम के किताब भी लिखले बाड़े। जवना के कॉरपोरेट दुनिया पs लिखल बहुत महत्वपूर्ण किताब मानल जाला।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.