Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: हत्या के ममिला में पूर्व मंत्री के आजीवन कारावास, चुनाव के दौरान बूथ पs जुवक के गोली मारे के बा ममिला

साल 1990 में विधानसभा चुनाव के दौरान बूथ पs एगो जुवक के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। एह ममिला में कोर्ट पूर्व मंत्री रविंद्र नाथ मिश्र के दोषी करार देले रहे। मंगर के कोर्ट आरोपी रविंद्र नाथ मिश्र के आजीवन कारावास के सजा सुनवले बा।

1,231

विधानसभा चुनाव के दौरान बूथ पs एगो जुवक के गोली मारके हत्या के ममिला में पूर्व मंत्री रविंद्र नाथ मिश्र के कोर्ट आजीवन कारावास के सजा सुनवले बा। एक हफ्ता पहिले एह ममिला के सुनवले रहे, जवना में कोर्ट उनका के दोषी ठहरवले बा।

साल 1990 में विधानसभा चुनाव के दौरान माझी के बूथ पs एगो जुवक के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। एही ममिला में छपरा व्यवहार न्यायालय के अपर जिला एवं सत्र न्यायालय एमपी एमएलए विशेष कोर्ट के न्यायाधीश मंगर के रविंद्र नाथ मिश्र के आजीवन कारावास के सजा सुनवले रहे।

466530cookie-checkBihar: हत्या के ममिला में पूर्व मंत्री के आजीवन कारावास, चुनाव के दौरान बूथ पs जुवक के गोली मारे के बा ममिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.