Bihar: हत्या के ममिला में पूर्व मंत्री के आजीवन कारावास, चुनाव के दौरान बूथ पs जुवक के गोली मारे के बा ममिला

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2023

विधानसभा चुनाव के दौरान बूथ पs एगो जुवक के गोली मारके हत्या के ममिला में पूर्व मंत्री रविंद्र नाथ मिश्र के कोर्ट आजीवन कारावास के सजा सुनवले बा। एक हफ्ता पहिले एह ममिला के सुनवले

Share

विधानसभा चुनाव के दौरान बूथ पs एगो जुवक के गोली मारके हत्या के ममिला में पूर्व मंत्री रविंद्र नाथ मिश्र के कोर्ट आजीवन कारावास के सजा सुनवले बा। एक हफ्ता पहिले एह ममिला के सुनवले रहे, जवना में कोर्ट उनका के दोषी ठहरवले बा।

साल 1990 में विधानसभा चुनाव के दौरान माझी के बूथ पs एगो जुवक के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। एही ममिला में छपरा व्यवहार न्यायालय के अपर जिला एवं सत्र न्यायालय एमपी एमएलए विशेष कोर्ट के न्यायाधीश मंगर के रविंद्र नाथ मिश्र के आजीवन कारावास के सजा सुनवले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.