सनातन धर्म सर्टिफिकेट के जरूरत बा काहेकि…’ देशभर में प्रसाद के शुद्धता पऽ पवन कल्याण रखले डिमांड

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 4, 2024

आंध्र प्रदेश के उपमुख्यमंत्री पवन कल्याण (Pawan Kalyan) देशभर में मंदिरन में प्रसाद के शुद्धता खातिर उऽ सनातन धर्म सर्टिफिकेशन के वकालत कइले। तिरुपति में एगो जनसभा के संबोधित करत घरी पवन कल्याण कहले कि

Share

आंध्र प्रदेश के उपमुख्यमंत्री पवन कल्याण (Pawan Kalyan) देशभर में मंदिरन में प्रसाद के शुद्धता खातिर उऽ सनातन धर्म सर्टिफिकेशन के वकालत कइले। तिरुपति में एगो जनसभा के संबोधित करत घरी पवन कल्याण कहले कि प्रसाद में मिलावे वाला सामग्री के शुद्धता खातिर सनातन धर्म सर्टिफिकेशन के जरूरत बा।

तिरुपति। तिरुपति बालाजी लड्डू विवाद के लेके आंध्र प्रदेश के उपमुख्यमंत्री पवन कल्याण जगन मोहन रेड्डी के पिछला सरकार पs लगातार हमला करत बाड़े। उऽ सनातन धर्म के सुरक्षा के लेके बहुत गंभीर बात कहले बाड़े। उऽ तिरुपति बालाजी मंदिर के दौरो कइले।

ओने देश भर के मंदिरन में प्रसाद के शुद्धता के कायम राखे खातिर ‘सनातन धर्म सर्टिफिकेशन’ के वकालत कइले बाड़न। तिरुपति में जनसभा के संबोधित करत पवन कल्याण कहले कि प्रसाद में मिलावल सामग्री के शुद्धता खाती सनातन धर्म प्रमाणीकरण के जरूरत बा।

हर साल बोर्ड के फंड जारी होखे के चाहीं : पवन कल्याण 

उऽ कहले कि राज्य आ राष्ट्रीय स्तर पs ‘सनातन धर्म संरक्षण बोर्ड’ बनावे के जरूरत बा। हर साल बोर्ड के फंड जारी होखे के चाहीं। सनातन धर्म के रक्षा खातिर एगो मजबूत बोर्ड बनावे के जरूरत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.