Samsung Galaxy M13 भारत में लॉन्च, 4GB रैम आ 5000mAh बैटरी वाला धांसू स्मार्टफोन

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2022

Samsung Galaxy M13 Smartphone Price: मोबाइल फोन के दुनिया में विश्वसनीय नाम सैमसंग अपना नाया स्मार्टफोन Samsung Galaxy M13 लॉन्च कs देले बा। ई नाया फोन Samsung Galaxy M12 के अपग्रेड वर्जन हs। गैलेक्सी एम13

Share

Samsung Galaxy M13 Smartphone Price: मोबाइल फोन के दुनिया में विश्वसनीय नाम सैमसंग अपना नाया स्मार्टफोन Samsung Galaxy M13 लॉन्च कs देले बा। ई नाया फोन Samsung Galaxy M12 के अपग्रेड वर्जन हs। गैलेक्सी एम13 फोन ऑक्टा-कोर Exynos 850 चिपसेट से लैस बा। एमे 5000mAh के बैटरी पैक, 6.6 इंच के फुल-एचडी प्लस डिस्प्ले आ एलईडी फ्लैश के संगे ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप दिहल गइल बा।

सैमसंग गैलेक्सी एम13 स्मार्टफोन एंड्रॉयड 12 (Android 12) पs आधारित One UI 4.1 पs काम करत बा। फोन में 6.6 इंच के फुल एडची प्लस इनफिनिटी-V (Infinity-V) डिस्प्ले दिहल गइल बा। फोन में ऑक्टा कोर एक्सीनोस 850 (Octa-core Exynos 850) प्रोसेसर दिहल गइल बा। एह फोन के 4GB RAM आ दु गो स्टोरेज ऑप्शन 64GB आ 128GB में बाजार में उतारल गइल बा। फोन के स्टोरेज के माइक्रोएसडी कार्ड के माध्यम से 1 टीबी तक बढ़ावल जा सकत बा।

दमदार बैटरी आ  शानदार कैमरा

फोन में 5,000mAh क्षमता के बैटरी दिहल गइल बा। एमे 15W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट मिलत बा।  सिक्योरिटी ला फोन में साइड-माउंटिड फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गइल बा।

सैमसंग गैलेक्सी एम13 स्मार्टफोन में फोटोग्राफी ला ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप  बा। एमे 50 मेगापिक्सल के मेन कैमरा हs। साथ में f/2.2 अपर्चर वाला 5-मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड सेंसर आ f/2.4 अपर्चर वाला 2-मेगापिक्सल के डेप्थ सेंसर दिहल गइल बा। फोन के फ्रंट में सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग ला 8-मेगापिक्सल कैमरा बा।

आउर फीचर्स के बात करीं तs फोन में ब्लूटूथ, एनएफसी, वाई-फाई, यूएसबी टाइप-सी पोर्ट आ 3.5mm हेडफोन जैक दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.