UP: संभल में 46 बरीस के बाद खुलल शिव मंदिर के कपाट

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 14, 2024

उत्तर प्रदेश के संभल जिला के खग्गू सराय में 46 साल से बंद एगो पुरान शिव मंदिर जिला प्रशासन खोलले बा। मंदिर के हालत जर्जर रहे आ मुसलमान के बहुल आबादी के चलते एह पs

Share

संभल जिला के खग्गू सराय में 46 साल से बंद एगो पुरान शिव मंदिर

उत्तर प्रदेश के संभल जिला के खग्गू सराय में 46 साल से बंद एगो पुरान शिव मंदिर जिला प्रशासन खोलले बा। मंदिर के हालत जर्जर रहे आ मुसलमान के बहुल आबादी के चलते एह पs कब्जा कइले रहे। दरवाजा खोलला पs मंदिर के भीतर हनुमान जी के प्रतिमा आ शिवलिंग स्थापित रहे। संभल के अतिरिक्त एसपी आ सीओ मंदिर में मूर्ति के सफाई कईले। मंदिर के पुरान रूप में वापस ले आवे के प्रयास चल रहल बा।

नगर हिन्दू सभा के संरक्षक विष्णु सारण रस्तोगी कहले कि पहिले इहाँ हिन्दू आबादी रहे। बाकिर 1978 के सांप्रदायिक दंगा के दौरान बहुत हिन्दू घर में आग लगा दिहल गईल। जवना के वजह से हिन्दू परिवार इहाँ से पलायन हो गइले आ हिन्दू आबादी वाला इलाका में बस गईले। विष्णु सारण बतवले कि पहिले के भजन आ कीर्तन एह मंदिर में होखत रहे, मंदिर के बगल में एगो इनार बा। जवना के अकील अहमद पाट दिहले रहले। चूंकि एह मंदिर में मुसलमान आबादी बा एहसे एकरा के कब्जा कs के घर में मिला दिहले बाड़े.

जिला मजिस्ट्रेट राजेंद्र पैंसिया मंदिर के बारे में पूरा जानकारी लेके मंदिर के पुरान रूप में वापस करे के बात कईले। संगही नगरपालिका टीम के बोला के नगरपालिका के मन्दिर पs भईल अवैध अतिक्रमण के हटाके इनार खोले के आदेश देहले । जिला मजिस्ट्रेट के कहनाम बा कि इलाका में सभे एक संगे बाड़े अवुरी मंदिर के खुलले पs केहु विरोध नईखे करत।

इहो पढ़ीं: जाड़ा में भी चमक उठी मुह, गुलाब जल के साथे एs एक चीज के करीं इस्तेमाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.