आफताब के बाद अब दिलदार!: श्रद्धा से बेसी खतरनाक मर्डर, मेहरारू के 50 टुकड़ा कs के कुत्तन के झुंड के बीच छोड़लस 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2022

झारखंड में दिल्ली के श्रद्धा हत्याकांड से बेसी खौफनाक तरीका से वारदात के अंजाम दिहल गइल बा। दरअसल, साहिबगंज में बोरिया संथाली के एगो निर्माणाधीन आंगनबाड़ी केंद्र के पीछे मानव अंग के टुकड़ा मिलला से

Share

झारखंड में दिल्ली के श्रद्धा हत्याकांड से बेसी खौफनाक तरीका से वारदात के अंजाम दिहल गइल बा। दरअसल, साहिबगंज में बोरिया संथाली के एगो निर्माणाधीन आंगनबाड़ी केंद्र के पीछे मानव अंग के टुकड़ा मिलला से इलाका में सनसनी फइल गइल। सनीचर सांझ के एह घटना के भनक तब लागल जब कवनो शख्स आंगनबाड़ी केंद्र के पीछे एगो महिला के गोड़ आ सीना के कटल टुकड़न के कुत्तन के नोच-नोचके खात देखलस। पुलिस आरोपी पति दिलदार अंसारी (Dildar Ansari) के गिरफ्तार कs लेले बिया।

मृतिका रिबिका पहाड़िन

जानीं का बा ममिला?

साहिबगंज में एगो शख्स पs आरोप बा कि ऊ आपन 22 साल के पत्नी रबिका पहाड़िन (Rubika Pahadin) के कटर से 50 टुकड़न में काट देले बा। मृतका गोंडा पहाड़ के रहे वाली रहे। ऊ प्रेम विवाह के बाद पति दिलदार अंसारी के संगे बेलटोला इस्थित घर पs रहत रहे। दिलदार पs आरोप बा कि बियाह के कुछ दिन बादे से ऊ वह अपना मेहरारू से झगड़े लागल रहे।  आखिरकार झगड़ा से तंग आके ऊ खतरनाक प्लान बनवलस आ फेर मेहरारू के हत्या कs के इलेक्ट्रिक कटर से शव के 50 से बेसी टुकड़ा कs देलस। फेर ओकरा के आंगनबाड़ी केंद्र के पीछे फेंक देलस। इहो पता चलल बा कि रुबिका दिलदार के दूसरका पत्नी रहे।

देह के कटल अंगन के कुत्ता घसीटत रहलें सs

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक महिला के क्षत-विक्षत शव के सनीचर के सांझ छव बजे बोरियो थाना क्षेत्र के संथाली मोमिन टोला इस्थित एगो आंगनबाड़ी केंद्र के पीछे 12 टुकड़ा में बरामद कइल गइल। बतावल गइल बा कि देह के कटल अंग के कुत्ता घसीटत रहले स, तब जाके ममिला के खुलासा भइल आ पुलिस के सूचना दिहल गइल। फेर पुलिस के टीम भारी संख्या में दल बल के संगे पहुंचल। एह दौरान डॉग स्क्वायड साथे रहे।

दिल्ली में आफताब देले रहे श्रद्धा के दर्दनाक मौत

गौर करे आला बात बा कि दिल्ली के छतरपुर इलाका में किराया के मकान में लिव इन में रह रहल आफताब पूनावाला झगड़ा के बाद अपना प्रेमिका श्रद्धा के बेहरमी से हत्या कs देले रहे। एकरा बाद ऊ श्रद्धा के शव के 35 टुकड़ा कइलस आ ओह टुकड़न के 18 दिन तक फ्रिजर में रखलस। ऊ धीरे-धीरे शव के टुकड़न के जंगल में फेंकत रहल। रोंगटा खड़ा कs देवे वाला एह हत्याकांड के जांच फिलहाल जारी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.