सदानीरा उत्सव के तइयारी भइल पूरा, करवतही बाजार गोपालगंज में जुट रहल बा सहित्य प्रेमी लोगन के जमावड़ा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2022

करवतही बाजार/गोपालगंज: (अनुराग रंजन)- गोपालगंज के करवतही बाजार में सदानीरा उत्सव 2022 के तइयारी पूरा हो गइल बा। आयोजन के अगुआ श्री सर्वेश कुमार तिवारी जी बतवनी कि एह आयोजन के दु सत्र में बाटल

Share

करवतही बाजार/गोपालगंज: (अनुराग रंजन)- गोपालगंज के करवतही बाजार में सदानीरा उत्सव 2022 के तइयारी पूरा हो गइल बा। आयोजन के अगुआ श्री सर्वेश कुमार तिवारी जी बतवनी कि एह आयोजन के दु सत्र में बाटल गइल बा।

दिन के सत्र में दीया जरा के कार्यक्रम के शुरुआत होई। ओकरा बाद श्री कृपा शंकर मिश्र “खलनायक” के किताब मधुबाला के विमोचन होई। स्मारिका के लोकार्पण समारोह संगहि बा।

व्याख्यान के सत्र में लेखक आशीष त्रिपाठी, सिद्धार्थ अरोड़ा सहर, विकाश सिंह के संगे परिचर्चा होई। “हिंदू इकोसिस्टम के बहाने बदलता हिंदुस्तान” विसे पs जलज कुमार, शिवम सिंह राठौर आ आनंद कुमार के संगे बतकही होई। कथा वाचन सुधीर कुमार मिश्र जी करिहे।

 

 

साँझ के सत्र में कवि सम्मेलन बा, जवना में देश भर से कुल्ह कवि लोग जुटल बा। संजय मिश्रा संजय, सुभाष पांडेय, आलोक पांडेय, आकृति विज्ञा अर्पण सुशांत शर्मा, शिवा त्रिपाठी सरस सहित कइयन गो कवि लो कविता पाठ करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.