Russia Ukraine War: रूस यूक्रेन में मार्शल लॉ लगावे के घोषणा कइलस, जानीं एकर मायना

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2022

Russia Ukraine War: रूस बुध के साँझी के यूक्रेन में मार्शल लॉ लगावे के घोषणा कइलस। न्यूज एजेंसी एएफपी के मोताबिक रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन यूक्रेनी क्षेत्रन में मार्शल लॉ लगावे के घोषणा कइलें। जानकारी

Share

Russia Ukraine War: रूस बुध के साँझी के यूक्रेन में मार्शल लॉ लगावे के घोषणा कइलस। न्यूज एजेंसी एएफपी के मोताबिक रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन यूक्रेनी क्षेत्रन में मार्शल लॉ लगावे के घोषणा कइलें।

जानकारी के मोताबिक मार्शल लॉ के मतलब बा सैन्य नियंत्रण। मार्शल लॉ में देश के आम लोगन प सीधा तौर प सेना के कंट्रोल होत बा। उहां के स्थानीय कानून के समाप्त क दिहल जाला। ई विशेष रूप से एगो आपात स्थिति ह। आपात स्थिति में  फेर कब्जा  के जगह प हालत के नियंत्रित करे खातिर एकरा के लगावल जाला।

एकरा पहिले यूक्रेन के राजधानी कीव प कामीकाजी ड्रोन से हमला कइल गइल बा। रूस यूक्रेन प जवन हमला कइले बा ऊ हथियार ईरान से लिहल गइल बा। ओहिजा, यूक्रेन कहलस कि खेरसॉन में रूसी सेना के खासा मुश्किलन के सामना करे के पड़ रहल बा काहेकि यूक्रेन के सेना ताबड़तोड़ पलटवार क रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.