रूस-यूक्रेन युद्ध- बमबारी के बाद रूस के Zaporizhzhia न्यूक्लियर प्लांट पs कब्जा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2022

रूस यूक्रेन के बीचे आज नउवा दिने युद्ध जारी रहला के बीचे रूस जपोजीरिया के न्यूक्लियर प्लांट पs कब्जा कs लेले बा। एकरा पहिले एजा गोलीबारी भइल रहे जवना से  प्लांट में आग लाग गइल

Share

रूस यूक्रेन के बीचे आज नउवा दिने युद्ध जारी रहला के बीचे रूस जपोजीरिया के न्यूक्लियर प्लांट पs कब्जा कs लेले बा। एकरा पहिले एजा गोलीबारी भइल रहे जवना से  प्लांट में आग लाग गइल रहे। एउस के सैनिकन के प्लांट के एडमिन आ कंट्रोल बिल्डिंग पs कब्जा हो गइल बा। हमला के बाद रेडिएशन लेवल सामान्य पावल गइल बा।

US प्रेसिडेंट बाइडेन के रूस से बात कइला के बाद जपोजीरिया में इमरजेंसी रिसपोण्ड्र्स के भीतरी जाये के आदेस मिलल हs।

एही बीचे कीव में एगो आउर भारत के छात्र के गोली लागल बा, जेकर इलाज चलत बा। ई जानकारी पोलैंड में भारत के लोगन के वापसी सुनिश्चित करावे गइल रिटायर जनरल वीके सिंह देले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.