उकसवलस तs परिणाम भुगते के होई: अमेरिकी ड्रोन से टकराव के घटना पs आइल रूस के बयान, लगवलस जासूसी के आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 16, 2023

रूस के युद्धक विमान द्वारा अमेरिका के ड्रोन के गिरवला से दुनो देसन के बीच तनाव बढ़ गइल बा। बुध के एह मुद्दा पs रूस के रक्षा मंत्री आ अमेरिका के रक्षा मंत्री के बीच

Share

रूस के युद्धक विमान द्वारा अमेरिका के ड्रोन के गिरवला से दुनो देसन के बीच तनाव बढ़ गइल बा। बुध के एह मुद्दा पs रूस के रक्षा मंत्री आ अमेरिका के रक्षा मंत्री के बीच फोन पs बातचीत भइल। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, एह बातचीत के दौरान रूस के रक्षा मंत्री कहलें कि अमेरिका द्वारा रूस के जासूसी कइल जा रहल बा, जवना के चलतही ड्रोन वाला घटना भइल। बता दीं कि मंगर के अमेरिका आरोप लगवलें रहे कि रूस ओकर ड्रोन के काला सागर के ऊपर मार गिरवलस। एसे दुनो देसन के बीच तनाव बढ़ गइल बा।

रूस लगवले रहे उकसावे के आरोप

रूस के रक्षा मंत्री सर्गेई सोइगु अमेरिका के रक्षा मंत्री लॉयड ऑस्टिन के बीच बुध के बातचीत भइल। एह दौरान रूसी रक्षा मंत्री कहलें कि जदि भविष्य में अमेरिका कवनो उकसावे के कार्रवाई कइलस तs रूस ओकर ‘उचित जवाब’ दीं। रूसी रक्षा मंत्रालय कहलस कि अमेरिका के रणनीतिक ड्रोन के क्रीमिया के तट पs उड़ान भरल उकसावे के कार्रवाई बा। एसे दुनो देसन के बीच काला सागर इलाका में लड़ाई के हालात बन सकत बा। रूस अभी अइसन उकसावे के कार्रवाई में नइखे पड़ल चाहत बाकिर जदि ई जारी रहल तs ओकर ओहि अनुपात में जवाब दिहल जाई। बता दीं कि रूस के सेना प्रमुख वालेरी गारसिमोव आ अमेरिका के सेना प्रमुख मार्क माइली के बीच एही मुद्दा पs बातचीत भइल बा।

अमेरिका के आरोप- जानबूझके गिरवाल गइल ड्रोन

बता दीं कि हाले में अमेरिका के सैन्य टोही ड्रोन रीपर काला सागर के ऊपर उड़ान भरत रहे। जवना के रूस के लड़ाकू विमान एसयू-27 से टक्कर हो गइल। टक्कर के बाद ड्रोन काला सागर में गिर गइल। सैन्य ड्रोन के गिरला पs अमेरिका कड़ा आपत्ति जतवलस आ रूस के राजदूत के तलब कs के नाराजगी जाहिर कइले रहे। रूस में अमेरिका के राजदूत एकरा के लेके नाराजगी जाहिर कइलस। अमेरिका के आरोप बा कि रूस के लड़ाकू विमान पीछा कs के जानबूझके अमेरिकी सैन्य ड्रोन के गिरवलस। ओहिजा रूस के कहनाम बा कि ई एगो दुर्घटना रहे आ ड्रोन के गिराने खातिर कवनो हथियार के इस्तेमाल ना कइल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.