[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: जदयू विधायक के पटना में रहे के फरमान के उड़त रहल अफवाह, जानीं JDU का देलस सफाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सियासी गलियारन आ कइयन गो मीडिया प्लेटफॉर्म पs एगो खबर सोमार के जोर-शोर से चलल। ई खबर रहे जदयू से जुड़ल। अइसन दावा कइल कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जदयू के विधायकन के अगिला 72 घंटा ले पटना में रहे के निरदेस देले बाड़े। ई खबर अचके आग के तरे फइलल आ एक के बाद एक कs के कइयन गो मीडिया प्लेटफॉर्म पs एकरा के परोसल गइल। बाकिर तनिये देर का बाद जदयू एकरा के आ  भ्रामक बतवलस।

कव जगे दउरल खबर

सोमार के सोशल मीडिया आ कुछ न्यूज पोर्टल आ चैनल एगो  खबर चलावल। जवना में दावा कइल गइल रहे कि नीतीश कुमार अपना दल के विधायकन के अगिला 72 घंटा ले पटना में रहे के कहले बाड़े। दावा कइल गइल कि सीएम सब विधायकन के क्षेत्र छोड़के इहां बोलवले बाड़े। ई खबर मीडिया में दउरल तs लोग एकर हकीकत जाने ला उत्सुक होखे लागल। ओहिजा मीडिया में एकरा के लेके अलग-अलग कयास लगावल जाए लागल।

लगावल गइल ई कयास

कुछ मीडिया प्लेटफॉर्म पs एह खबर के अइसे परोसल गइल जवना में ई कयास लगावल गइल कि बिहार में बड़ सियासी बदलाव होखे आला बा। सोशल मीडिया पs तs जदयू आ भाजपा के अलग होकी तक के बात लिखे जाए लागल। बाकिर तनिये देर में एह हकीकत से परदा उठे लागल। जदयू के मुख्य सचेतक श्रवण कुमार बयान देके तमाम अटकलन के विराम दे देलस।

भ्रामक खबरन के फइलावल जा रहल बा- मुख्य सचेतक

जेडीयू के मुख्य सचेतक साफ शब्दन में कहले कि ई भ्रामक खबर फइलावल जा रहल बा। मुख्यमंत्री अइसन कवनो निरदेस विधायकन के नइखे देले जवना में ओह लो के अगिला 72 घंटा पटना में गुजारे के बा। बता दीं कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मंगर के खुदे पटना से बाहर दौरा पs रहिहे। सीएम नालंदा जइहे। एने जातिगत जनगनणा के लेके सर्वदलीय बैठक के लेके सुगबुगाहट तेज जरुर भइल बा। जवना के लेके सीएम नीतीश कुमार  प्रतिक्रियो देले।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]