RRB JE Recruitment 2024: आज खतम हो रहल बा 7 हजार से जादा रेलवे में भरती खातीर रजिस्ट्रेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

  रेलवे भर्ती बोर्ड जूनियर इंजीनियर बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया आजु बंद कs दी. एह बहाली अभियान के तहत रेलवे बोर्ड जूनियर इंजीनियर (जेई), डिपो मटेरियल अधीक्षक आ केमिकल एंड मेटलर्जिकल असिस्टेंट के 7934 पद

Share

 

रेलवे भर्ती बोर्ड जूनियर इंजीनियर बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया आजु बंद कs दी. एह बहाली अभियान के तहत रेलवे बोर्ड जूनियर इंजीनियर (जेई), डिपो मटेरियल अधीक्षक आ केमिकल एंड मेटलर्जिकल असिस्टेंट के 7934 पद पs बहाली करी. आजु रात 11.59 बजे ई प्रक्रिया पूरा हो जाई. रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि एह बहाली के प्रक्रिया 30 जुलाई से शुरू भइल बा. आवेदन करे खातिर उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट rrbapply.gov.in पs जा सकेलें. रउरा जाके आवेदन कs सकेनी.

एह दिन से रउरा आवेदन में सुधार कs सकीलें

रेलवे बोर्ड रजिस्ट्रेशन बंद होखला के बाद आवेदन में भईल गलती के सुधारे के मौका दिही, जवना के तहत 30 अगस्त से 8 सितंबर ले सुधार खातीर खुलल रही। याद राखीं कि एह बहाली में भाग लेबे खातिर आवेदन खाली ऑनलाइन कइल जा सकेला, कवनो दोसरा तरीका से आवेदन स्वीकार ना कइल जाई.

आवेदन के फीस के भुगतान 

एह बहाली अभियान खातिर उम्मीदवारन के कुछ फीस देबे के पड़ी, आई जानीं जा एकर ब्यौरा. एह बहाली खातिर आवेदन करे के इच्छुक जनरल, ओबीसी अवुरी ईडब्ल्यूएस श्रेणी के उम्मीदवार के 500 रुपिया के फीस देवे के होई, हालांकि परीक्षा के बाद 400 रुपिया आपके बैंक खाता में वापस कs दिहल जाई। जबकि एससी,एसटी, एक्स सर्विसमैन, महिला, ईबीसी आ ट्रांसजेंडर के उम्मीदवार के 250 रुपिया के शुल्क देवे के होई, जवन कि परीक्षा के बाद पूरा तरीका से वापस कs दिहल जाई।

एलिजिबिलिटी क्राइटेरिया

उमिर सीमा

एह बहाली खातिर आवेदन करे के इच्छुक उम्मीदवार के उमिर 18 से 36 साल होखे के चाहीं.

क्वालिफिकेशन

एह बहाली खातिर आवेदन करे के इच्छुक उम्मीदवार के पद से जुड़ल बीई.बीटेक भा डिप्लोमा डिग्री होखे के चाहीं.

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.