रोनाल्डो, नेमार के आज लउकी जलवा, 10 घंटा में होई 4 मैच, जानीं कहां देखल जा सकी?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2022

FIFA World Cup 2022 में आज 8 गो टीम अपना अभियान लेट आगाज करी। भारतीय समय के मोताबिक 10 घंटा के भीतरी 4 मैच खेलल जाई, जेमे ई सब टीम अपना दांव पेंच के आजमावत

Share

FIFA World Cup 2022 में आज 8 गो टीम अपना अभियान लेट आगाज करी। भारतीय समय के मोताबिक 10 घंटा के भीतरी 4 मैच खेलल जाई, जेमे ई सब टीम अपना दांव पेंच के आजमावत लउकिहे सs।

फुटबॉल के दिवानन खातिर सबसे अच्छा खबर ई बा कि फीफा वर्ल्ड कप 2022 में अपना फेवरेट रोनाल्डो आ नेमार के देखे के ओह लो के इंतजार आज ओरा जाई। अइसन एहसे काहेकि आज से फुटबॉल के महाकुंभ में पुर्तगाल आ ब्राजील के  उतर रहल बाड़ी सs।

पुर्तगाल आ ब्राजील के मैदान पs उतरला के मतलब बा क्रिस्टियानो रोनाल्डो आ नेमार के खेलल। बहरहाल, एह दु देसन के अलावे स्विट्जरलैंड, कैमरून, साउथ कोरिया, उरुग्वे, घाना आ सर्बिया बाकी ऊ 6 देस बा, जवन आज मैदान में होई। एमे पुर्तगाल अपना अभियान के आगाज घाना के खिलाफ करी। जबकि ब्राजील के सर्बियाई चुनौती से पार पावे के होई।

FIFA World Cup 2022 में बियफे के केकरा बीच खेलल जाई मुकाबला?

फीफा वर्ल्ड कप में बियफे के 4 गो मुकाबला खेलल जाई। दिन के पहिला मुकाबला स्विट्जरलैंड आ कैमरून के बीच, दूसरका मुकाबला उरुग्वे आ साउथ कोरिया, तीसरा मुकाबला पुर्तगाल आ घाना के बीच जबकि अन्तिम मैच में देर रात ब्राजील आ सर्बिया आमने सामने होई।

फीफा वर्ल्ड कप 2022 के चारो मुकाबला कब खेलल जाई?

स्विट्जरलैंड आ कैमरून के बीच फीफा वर्ल्ड कप के मुकाबला 24 नवंबर के खेलल जाई। एही दिन उरुग्वे VS साउथ कोरिया आ पुर्तगाल VS घाना के बीचे मुकाबला खेलल जाई। एकरा अलावे चौथा मैच भारतीय समय से 25 नवंबर के तारीख में ब्राजील आ सर्बिया के बीच खेलल जाई।

फीफा वर्ल्ड कप 2022 के चारो मुकाबला कब सुरू होई?

भारतीय समय के मोताबिक स्विट्जरलैंड आ कैमरून के बीचे मुकाबला दोपहर के 3:30 बजे से सुरू होई। एकरा अलावे उरुग्वे VS साउथ कोरिया के मैच सांझ के साढ़े 6 बजे से, रात के साढ़े 9 बजे से पुर्तगाल VS घाना के मैच खेलल जाई। जबकि ब्राजील आ सर्बिया के टक्कर देर रात साढ़े 12 बजे से होई।

फीफा वर्ल्ड कप 2022 के चारो मुकाबलन के लाइव टेलीकास्ट कहां होई?

फीफा वर्ल्ड कप में बियफे के खेलल जाये वाला चारों मुकाबलन के लाइव टेलीकास्ट Sports18 आ Sports18 HD पs होई।

फीफा वर्ल्ड कप 2022 के मुकाबलन के लाइव स्ट्रीमिंग कहां होई?

फीफा वर्ल्ड कप के मुकाबलन के लाइव स्ट्रीमिंग जियो सिनेमा ऐप पs कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.