रोहित शर्मा IPL 2023 खातिर JioCinema के ब्रांड एंबेसडर के रूप में भइले सामिल 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2023

JioCinema इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) 2023 के चल रहल सीजन खातिर मुंबई इंडियंस के कप्तान रोहित शर्मा के आपन ब्रांड एंबेसडर बनवले बा। जियो सिनेमा के एगो अधिकारी कहलें, “स्टार क्रिकेटर आ भारतीय पुरुषन के

Share

JioCinema इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) 2023 के चल रहल सीजन खातिर मुंबई इंडियंस के कप्तान रोहित शर्मा के आपन ब्रांड एंबेसडर बनवले बा।

जियो सिनेमा के एगो अधिकारी कहलें, “स्टार क्रिकेटर आ भारतीय पुरुषन के टीम के कप्तान रोहित शर्मा जियो सिनेमा के ब्रांड एंबेसडर के रूप में सामिल भइल बाड़ें। हमनी के अपना पेशकश के जारी रखेम सs आ ई सुनिश्चित करेम सs कि डिजिटल स्ट्रीमिंग हमनी के लाखन दर्शकन के एगो अभिनव आ अनूठा अनुभव प्रदान करे।”

जियो सिनेमा जल्दिये शर्मा के संगे प्रोमो आ विज्ञापन अभियान लेके आई। Jio Cinema आ मुंबई इंडियंस दोनो के स्वामित्व Reliance Group के लगे बा।

जियो सिनेमा, जवना के लगे डिजिटल अधिकार बा आ Star Sports, जेकरा लगे टेलीविजन अधिकार बा, दुनो IPL के अगल-बगल हाई-ऑक्टेन मार्केटिंग अभियान चला रहल बा ऊ दर्शकन आ विज्ञापनदाता दुनो के अधिकतम धेयान आकर्षित करे खातिर प्रतिस्पर्धा करत बा।

जियो सिनेमा सचिन तेंदुलकर, सूर्यकुमार यादव, एमएस धोनी आ स्मृति मंधाना जइसन नामन के आपन एंबेसडर बनवले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.