रोहित शर्मा के टेस्ट टीम के कमान, रहाने-पुजारा टीम से बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2022

श्रीलंका के खिलाफ होखे आला टी-20 आ टेस्ट सीरीज खातिर टीम इंडिया के घोसना आज बीसीसीआई के चीफ सलेक्टर चेतन शर्मा  कs देले बाड़े। रोहित शर्मा के टेस्ट टीम के नाया कप्तान बना देहल गइल बा। टीम के सीनियर खेलाडी रहाने आ पुजारा के टीम से बाहर कs दिहल गइल बा। ईशांत शर्मा आ रिद्धिमान साहा के टीम से बाहर के रास्ता देखा दिहल गइल बा। 

Share

रवींद्र जडेजा आ जसप्रीत बूमराह के वापसी 

चोट से बाहर चल रहल औलराउंडर रवीन्द्र जडेजा के टीम में वापसी हो गइल बा। ओहिजा बूमराह के आराम का बाद दोबारे टीम में बोला लेहल गइल बा।

बूमराह के मिलल उप कप्तानी  के कमान

केएल राहुल के चोट से बाहर होखला के चलते टेस्ट आ टी-20 के टीम के उप कप्तान जसप्रीत बूमराह के बनावल गइल बा। कोहली के टी-20 टीम से आराम कइल गइल बा।

टेस्ट टीम – रोहित शर्मा (कप्तान), प्रियांक पांचाल, मयंक अग्रवाल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, हनुमा विहारी, शुभमन गिल, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), केएस भरत, आर जडेजा, जयंत यादव, आर अश्विन, कुलदीप यादव, सौरभ कुमार , मो. सिराज, उमेश यादव, मो. शमी, जसप्रीत बुमराह (उकप्तान).

टी20 टीम – रोहित शर्मा (कप्तान), ऋतुराज गायकवाड़, श्रेयस अय्यर, सूर्य कुमार यादव, संजू सैमसन, ईशान किशन (विकेटकीपर), वेंकटेश अय्यर, दीपक चाहर, दीपक हुड्डा, आर जडेजा,युजवेंद्र चहल, रवि बिश्नोई, कुलदीप यादव, मोहम्मद . सिराज, भुवनेश्वर कुमार, हर्षल पटेल, जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), अवेश खान.

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.