Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रोहित, कोहली जइसन सीनियर के वनडे विश्व कप में अहम भूमिका: गंभीर

987

भारत के पूर्व सलामी बल्लेबाज गौतम गंभीर के मानल बा कि एह साल के आखिर में भारत में होखे वाला विश्व कप में रोहित शर्मा आ विराट कोहली जइसन सीनियर खिलाड़ियन के अहम भूमिका होई। गंभीर कहलें कि भारत के बेखौफ खिलाड़ियन के पहचनला के जरूरत बा।

ऊ स्टार स्पोटर्स के शो ‘ रोड टू वर्ल्ड कप ग्लोरी’ में कहलें,” सबसे पहिले रउआ अइसन खिलाड़ियन के पहचाने के होई जे बेखौफ क्रिकेट खेलेला। पचास ओवरन के प्रारूप में रउआ हर तरह के क्रिकेटर चाहीं। अइसनो खेलाड़ी जे पारी के सूत्रधार बन सके।”

ऊ कहलें, हमार मानल बा कि विराट कोहली, रोहित शर्मा जइसन खिलाड़ी ई भूमिका खूब निम्मन निभा सकत बा लो। ई लोग स्पिन के बखूबी खेल सकत बा आ आगामी विश्व कप में एह लोगन के भूमिका अहम हो सकत बा।”

क्रिकेट से राजनीति में आइल गंभीर कहलें कि दुनु छोर से दु गो नया गेना के होखला से वनडे क्रिकेट के स्वरूप बदल गइल बा।

ऊ कहलें ,” हमनी के समय में एके गो नया गेना होत रहे बाकिर अब दु गो नया गेना होला। अइसन में अनियमित गेंदबाजन के भूमिका ना रहल। अब रिवर्स स्विंग देखे के ना मिलेला। अब अइसन खिलाड़ियन के जरूरत बा जवन एह हालातन में सानदार खेल दिखा सकें।”

गंभीर कहलें कि भारत के खिलाड़ियन के पहचानके ओह लोगन पs भरोसा बना के रखे के होई।

ऊ कहलें ,”पिछला दु विश्व कप में भारतीय क्रिकेट इहे गलती कइलस कि ई खिलाड़ी साथ में जादे क्रिकेट ना खेलल लोग। हमनी के कव बेर सर्वश्रेष्ठ एकादश उतारे में कामयाब रहनी सs। हमनी के अइसन ना कs सकनी आ कबो सर्वश्रेष्ठ एकादश मैदान पसे ना लउकल।”

431750cookie-checkरोहित, कोहली जइसन सीनियर के वनडे विश्व कप में अहम भूमिका: गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.