मियामी ओपन जीतके इतिहास रचलें रोहन बोपन्ना : ATP मास्टर्स 1000 खिताब जीते वाला सबसे उम्रदराज खिलाड़ी बनलें; एब्डन के साथ मेंस डबल्स चैंपियन बनलें

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2024

भारत के टेनिस स्टार रोहन बोपन्ना मियामी ओपन 2024 के मेंस डबल्स के टाइटल जीतके इतिहास रच देले बाड़ें। बोपन्ना 44 साल के उमिर में ATP मास्टर्स 1000 खिताब जीते वाला सबसे उम्रदराज खिलाड़ी बन

Share

भारत के टेनिस स्टार रोहन बोपन्ना मियामी ओपन 2024 के मेंस डबल्स के टाइटल जीतके इतिहास रच देले बाड़ें। बोपन्ना 44 साल के उमिर में ATP मास्टर्स 1000 खिताब जीते वाला सबसे उम्रदराज खिलाड़ी बन इलें। ऊ अपने रिकॉर्ड के तुड़लें, जवन ऊ पिछला साल इंडियन वेल्स के खिताब जीतके बनवले रहस।

सनीचर के खेलल गइल फाइनल में बोपन्ना आ उनकर ऑस्ट्रेलियन पार्टनर मैथ्यू एब्डन क्रोएशिया के इवान डोडिक आ अमेरिका के ऑस्टिन क्राजिसेक के जोड़ी के हरावल लो। खिताबी मुकाबला में ई इंडो-ऑस्ट्रेलियन जोड़ी 6-7, 6-3, 10-16 से जीत हासिल कइलस।

छठा बेर ATP मास्टर्स जीतलें

बोपन्ना छठा बेर ATP मास्टर्स जीतले बाड़ें। बोपन्ना साल 2011 में पहिला बेर पाकिस्तान के एसम-उ-हक- कुरेशी के संगे जीतल रहस। एकरा बाद से बोपन्ना साल 2012 पेरिस, 2015 मैड्रिड, 2017 मोन्टे कार्लो आ साल 2023 में इंडियन वेल्स मास्टर्स जीतले रहस।

का हs ATP मास्टर्स

ATP मास्टर्स जवना के 2009 से ATP मास्टर्स 1000 टूर्नामेंट के रूप में जानल जाला, नव गो टेनिस टूर्नामेंट्स के सीरीज ह । एकर सुरुआत 1990 से भइल। ग्रैंड स्लैम के बाद ATP मास्टर्स 1000 टेनिस के टॉप टियर टूर्नामेंट हs। ग्रैंड स्लैम के बाद टेनिस रैंकिंग में एही टूर्नामेंट के सबसे जादे पॉइंट मिलेला। जहां ग्रैंड स्लैम जीतला पs 2000 पॉइंट मिलेला, ओहिजा, मास्टर्स जीतला पs 1000 पॉइंट्स एड होला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.