जेल में रिटायर्ड कर्नल के मौत: घरवाले वाला – सिपाही लाश के साथे करत रहले  छेड़छाड़

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2024

उत्तर प्रदेश के आगरा में जेल में सेवानिवृत्त कर्नल विजय तोमर के संदिग्ध मौत के बाद परिवार डॉक्टर के पैनल से पोस्टमार्टम आ वीडियोग्राफी के मांग कइले। पैनल ना बनला के चलते रात में पोस्टमार्टम

Share

उत्तर प्रदेश के आगरा में जेल में सेवानिवृत्त कर्नल विजय तोमर के संदिग्ध मौत के बाद परिवार डॉक्टर के पैनल से पोस्टमार्टम आ वीडियोग्राफी के मांग कइले। पैनल ना बनला के चलते रात में पोस्टमार्टम ना हो पावल। अब ई आज माने बुध के दिने होखी।

जेल से पहुंचले दु जवान, नोंकझोक

जेल से दू गो सिपाही साँझ के पोस्टमार्टम हाउस पहुंचले। मरेवाला के परिवार के लोग के आरोप बा कि दुनो गेट बंद कऽ के उऽ लोग ताबूत में राखल रिटायर्ड कर्नल के लाश से छेड़छाड़ करत रहले। कंपनी के अधिकारी आ परिवार के लोग उहाँ पहुंचले। दुनों पुलिसकर्मी से उनकर गरमागरम बहस हो गइल। एकरा बाद दुनो सिपाही उहाँ से चल गइले।

तीन घंटा तक कवनो शिकायत ना लिहल गइल

परिवार के आरोप बा कि संदिग्ध परिस्थिति में जेल में सेवानिवृत्त कर्नल के मौत खातिर जेल प्रशासन जिम्मेदार बा। उऽ जेल प्रशासन के खिलाफ शिकायत दर्ज करावे आइल रहले, बाकिर हरिपर्वत थाना तीन घंटा तक शिकायत ना लेलस। एकरा चलते पोस्टमार्टम में देरी हो गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.