सेवानिवृत्त बैंक अफसर के 24 घंटा ले डिजिटल अरेस्ट, ट्रांसफर करवले 13 लाख

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

साइबर अपराधी रिटायर्ड बैंक अधिकारी सुब्रोतो बनर्जी के मनी लांड्रिंग केस के बहाने 24 घंटा तक डिजिटल गिरफ्तारी में रखले। धमकावला के बाद अगिला दिने बैंक भेज के 13 लाख रुपया के ट्रांसफर करा लिहले।

Share

साइबर अपराधी रिटायर्ड बैंक अधिकारी सुब्रोतो बनर्जी के मनी लांड्रिंग केस के बहाने 24 घंटा तक डिजिटल गिरफ्तारी में रखले। धमकावला के बाद अगिला दिने बैंक भेज के 13 लाख रुपया के ट्रांसफर करा लिहले। पीड़िता के शिकायत के आधार पs साइबर क्राइम थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

इंस्पेक्टर बृजेश कुमार यादव बतवले कि 19 सितंबर के आलमबाग निवासी सुब्रोतो के व्हाट्सएप पs वीडियो कॉल आइल रहे। एकरा के उठावे पs वर्दी में एगो आदमी देखाई देलस। उऽ आपन परिचय मुंबई पुलिस के अधिकारी के रूप में देले। सुब्रोतो के बतवले कि उनका खिलाफ मनी लांड्रिंग के मामला दर्ज हो गइल बा। एही से डिजिटल गिरफ्तार कइल जा रहल बा। ना फोन डिस्कनेक्ट करे के पड़ी ना केहू के एह बारे में कुछ बतावे के पड़ी। सुब्रोतो डेरा गइले आ बदमाश के कहल जइसन कऽ दिहले। इंस्पेक्टर के कहनाम बा कि बैंक खाता के विवरण एकट्ठा कइल जा रहल बा।

फर्जी वारंट देख के डेरा गइले 

अपना के अधिकारी बतावे वाला ठग आपन फर्जी आईडी कार्ड सुब्रोटो के भेजले रहे। संगही उनका नाम पs फर्जी वारंट भेजल गइल। एकरा के देख के उनका बुझाइल कि अधिकारी सही बाड़े आ कार्रवाई कइल जा सकऽता।

 सेवानिवृत्त अधिकारी आ कर्मचारी के निशाना बनावल जा रहल बा

पुलिस बतवलस कि बदमाश सरकारी डॉक्टर के संगे-संगे अलग-अलग विभाग के सेवानिवृत्त अधिकारी आ कर्मचारी के निशाना बनावत बाड़े। तीन महीना में अइसन लोग के खिलाफ धोखाधड़ी के तीन दर्जन मामला दर्ज भइल बा। आशंका बा कि एह सब लोग के डाटा बदमाश के लगे बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.