रेसलिंग से आईल भारत खातीर खुशखबरी, अमन सहरावत जितले ब्रॉन्ज मेडल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

  भारतीय पहलवान अमन सहरावत भारत खातिर एगो बढ़िया खबर लेके आइल बाड़न. अमन 57 किलो भार वर्ग में भारत खातिर कांस्य पदक जीत चुकल बाड़े। अमन प्यूर्टो रिको के पहलवान डारियान टोई क्रूज के

Share

 

भारतीय पहलवान अमन सहरावत भारत खातिर एगो बढ़िया खबर लेके आइल बाड़न. अमन 57 किलो भार वर्ग में भारत खातिर कांस्य पदक जीत चुकल बाड़े। अमन प्यूर्टो रिको के पहलवान डारियान टोई क्रूज के 13-5 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहले. बता दीं कि अमन एशियाई चैंपियन रहल बाड़न आ अंडर-23 विश्व चैम्पियनशिप में स्वर्ण भी जीत चुकल बाड़न. अमन के एह पदक से पेरिस ओलंपिक में भारत के पदक गिनती बढ़ के 6 हो गइल बा. एहमें 5 गो कांस्य आ 1 गो रजत पदक शामिल बा.  पेरिस ओलंपिक में कुश्ती से भारत के ई पहिला पदक हs. भारत कुश्ती में पदक के तलाश में रहे, जवना के अमन पूरा कs लेले बाड़े। पहिले विनेश फोगाट से स्वर्ण पदक के उम्मीद सब लोग करत रहे बाकिर अधिक वजन के चलते उनुका के स्वर्ण पदक के मैच से पहिले ही अयोग्य करार दिहल गईल। अयीसना में अमन के इs पदक भारत खातीर कुश्ती में राहत के खबर लेके आईल बा।

सेमीफाइनल में अमन के जापान के रेई हिगुची से 0-10 के अंतर से हार के सामना करे के पड़ल. हालांकि कांस्य पदक के मैच में ऊ लोग शुरूए से दबाव बनवलस आ डारियान टोई क्रूज के ढेर मौका ना दिहलस. आखिर में अमन गजब के खेल देखवले आ बढ़त के 13-5 के स्कोर में बदल दिहलन. एह तरह से अमन सहरावत के पदक ओलंपिक में भारत के कुश्ती के शान बनवले रखले बा.  बता दीं, 2008 से अब ले भारत लगातार 5 ओलंपिक में कुश्ती में पदक जीत चुकल बा। हॉकी के बाद भारत के अधिकतम 8 ओलंपिक पदक कुश्ती से मिलल बा। ओलंपिक के इतिहास में पहिला बेर 1952 में केडी जाधव भारत खातिर कुश्ती में कांस्य पदक जीतले रहले. एकरा बाद भारत के 56 साल ले कुश्ती में पदक ना मिलल अउरी ओकरा बाद सुशील कुमार 2008 के बीजिंग ओलंपिक में कांस्य पदक जीत के एह सूखा के अंत कs देले। तब से भारतीय पहलवान लगातार ओलंपिक में पदक जीतत रहलें।

पीएम दिहले बधाई

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पहलवान अमन के कुश्ती में पहिला पदक जीते खातिर बधाई दिहले बाड़न. पीएम लिखले कि, “हमनी के पहलवान हमनी के अवुरी गौरवान्वित कईले बाड़े! पेरिस ओलंपिक में पुरुष फ्रीस्टाइल 57 किलोग्राम में कांस्य पदक जीते खातीर अमन सहरावत के बधाई। उनुकर समर्पण अवुरी दृढ़ संकल्प साफ-साफ देखाई देता। पूरा राष्ट्र एs उल्लेखनीय कारनामा के जश्न मना रहल बा आ उपलब्धि के जश्न मनावत बा.”

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.