गणतंत्र दिवस: गणतंत्र दिवस के लेके ध्वजारोहण के समय निर्धारित

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 25, 2024

गणतंत्र दिवस समारोह, 26 जनवरी, 2024 के गरिमापूर्ण ढंग से मनावल जाए एकरा तइयारी के संबंध में बैठक भईल। बैठक उत्तर प्रदेश शासन मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र कईले। एह बइठक में बहुते उत्साह से

Share

गणतंत्र दिवस समारोह, 26 जनवरी, 2024 के गरिमापूर्ण ढंग से मनावल जाए एकरा तइयारी के संबंध में बैठक भईल। बैठक उत्तर प्रदेश शासन मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र कईले। एह बइठक में बहुते उत्साह से झंडा फहरावे के फैसला भइल। बैठक में झंडा फहरावे के समय भी तय कईल गईल। निर्धारित समय के मुताबिक सरकारी भवनन में ध्वजारोहण के समय 8:30 बजे झंडा फहरावे के काम होई आ शिक्षण संस्थानन में 10:00 बजे झंडा फहरावल जाई।

एह बैठक में राष्ट्रीय एकता, अखंडता, धर्मनिरपेक्षता आ सांप्रदायिक सौहार्द के भावना के मजबूत करे पs जोर दिहल गइल। समारोह के व्यवस्था खातिर एगो सलाहकार समिति के गठन होखे , जवना में आजादी स्वतंत्रता संग्राम सेनानी, शहीदन के परिजन, विभिन्न सामाजिक संगठन आ राजनीतिक दल, सरकारी विभाग, शैक्षिक संस्था, जिला सैनिक कल्याण कार्यालय आदि के प्रतिनिधि के शामिल होखे के बात कहल गइल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.