फिल्मफेयर सम्मान प्राप्त साहित्यकार मनोज भावुक के प्रतिष्ठित ‘ अंजन’ सम्मान से नवाजल जाई

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 8, 2023

गोपालगंज। सुप्रसिद्ध साहित्यकार, फिल्म गीतकार आ भोजपुरी जंक्शन के संपादक मनोज भावुक के भोजपुरी साहित्य के प्रतिष्ठित ‘ अंजन सम्मान ‘ 2023 से सम्मानित कइल जाई। एकरा पहिले ई सम्मान कन्हैया प्रसाद तिवारी ‘ रसिक

Share

गोपालगंज। सुप्रसिद्ध साहित्यकार, फिल्म गीतकार आ भोजपुरी जंक्शन के संपादक मनोज भावुक के भोजपुरी साहित्य के प्रतिष्ठित ‘ अंजन सम्मान ‘ 2023 से सम्मानित कइल जाई।

एकरा पहिले ई सम्मान कन्हैया प्रसाद तिवारी ‘ रसिक ‘ (2018), भालचंद त्रिपाठी ( 2019), अनिल चौबे ( 2020), डॉ. अशोक द्विवेदी ( 2021) और डॉ. कमलेश राय ( 2022) के प्रदान कइल गइल बा।

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के दिल्ली आ इंग्लैंड इकाई के अध्यक्ष आउर सारेगामापा जइसन शोज के प्रोजेक्ट हेड रहल मनोज भावुक भोजपुरी भाषा खातिर यूरोप, अफ्रीका, दुबई, मॉरिशस, नेपाल सहित कइयन देसन के यात्रा कइले बाड़ें। उनका के सिनेमा आ साहित्य के बीच एगो सेतु आ भोजपुरी सिनेमा के इनसाइक्लोपीडिया कहल जाला। हाले में उनका के फिल्मफेयर आ फेमिना के ओर सम्मानित कइल गइल। बिहार के राज्यपाल ‘ राज्य गौरव सम्मान’ से नवजले। तस्वीर जिंदगी के आ चलनी में पानी इनकर चर्चित पुस्तक बाड़ी सs।

मनोज भावुक के अंजन सम्मान आ माधुरी राय के तीस्ता सम्मान से सम्मानित कइल जाई

मनोज के ‘अंजन सम्मान’ 22 नवम्बर 2023 के भोजपुरी के धाम अमही मिश्र, भोरे, गोपालगंज, बिहार में जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के तरफ से आयोजित साहित्यिक-सांस्कृतिक महोत्सव-6 में प्रदान कइल जाई।

एही कार्यक्रम में संस्कार गीतन खातिर वायरल लोकगायिका माधुरी राय के तिस्ता सम्मान से नवाजल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.