Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

RedmiBook Pro 2022 Ryzen Edition के धमाकेदार एंट्री, दमदार फीचर के संगे मिली जबरदस्त बिल्ड क्वॉलिटी

583

रेडमी नया लैपटॉप- रेडमीबुक प्रो 2022 राइजन एडिशन लेके आइल बा। ई दु स्क्रीन साइज में आवेला। कंपनी एमे दु गो प्रोसेसर- AMD Ryzen R5 6600H आ Ryzen R7 6800H के ऑप्शन दे रहल बिया। आई जानल जाव डीटेल।

RedmiBook Pro 2022 Ryzen Edition ने की धमाकेदार एंट्री, दमदार फीचर के साथ मिलेगी जबर्दस्त बिल्ड क्वॉलिटी
Xiaomi अपना लैपटॉप के रेंज के बढ़ावत RedmiBook Pro 2022 Ryzen Edition के लॉन्च कs देलस। एमे कंपनी 6th जेनरेशन के Ryzen प्रोसेसर ऑफर कs रहल बिया। नया रेडमीबुक प्रो 2022 दु  स्क्रीन साइज में आवत बा आ एमे प्रोसेसर के अलावे 12th Generation Intel Core वाला स्पेसिफिकेशन्स दिहल गइल बा। कंपनी एकरा के अभी चीन में लॉन्च कइले बिया। 14 इंच स्क्रीन साइज वाला Ryzen 5 वेरिएंट के कीमत 4499 युआन (करीब 52,400 रुपिया) बा।

ओहिजा, एकर Ryzen 7 वेरिएंट 5,099 युआन (करीब 59,400 रुपिया) के प्राइस टैग के संगे आवेला। एही तरे एकर 15 इंच वाला वेरिएंट के कीमत क्रमश: 4699 युआन (54,700 रुपिया) आ 5,299 युआन (करीब 61,700 रुपिया) बा।

फीचर्स आ स्पेसिफिकेशन्स
रेडमीबुक प्रो 2022 सीरीज में कंपनी 14 इंच के डिस्प्ले ऑफर कs रहल बिया। ई डिस्प्ले 2.5K रेजॉलूशन आ 120Hz के रिफ्रेश रेट के संगे आवेला। एही तरे कंपनी 15 इंच वाला वेरिएंट में 3.5K रेजॉलूशन के संगे 90Hz के रिफ्रेश रेट ऑफर कs रहल बिया। दुनो साइज के लैपटॉप सीरीज-6 एविएशन ऐल्युमिनियम मेटल बॉडी फिनिश के साथे आवेला। कंपनी एमे दु गो प्रोसेसर- AMD Ryzen R5 6600H आ  Ryzen R7 6800H के ऑप्शन दे रहल बिया।

लैपटॉप के 15 इंच वाला वेरिएंट ऑप्शनल RTX 2050 GPU के संगे आवेला। एकरा अलावे तनी जादे पइसा खर्च कइला पs कंपनी एह दुनो लैपटॉप में 16जीबी रैम आ 512जीबी के स्टोरेज दे रहल बिया। लैपटॉप हीट ना होखे एकरा खातिर एमे ड्यूल फैन के संगे तीन हीटिंग पाइप दिहल गइल बा। कनेक्टिविटी खातिर कंपनी एमे थंडरबोल्ट 4, यूएसबी-C, यूएसबी-A आ HDMI 2.0 ऑफर कs रहल बिया।

266380cookie-checkRedmiBook Pro 2022 Ryzen Edition के धमाकेदार एंट्री, दमदार फीचर के संगे मिली जबरदस्त बिल्ड क्वॉलिटी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.