बिहार में 1.79 लाख पदन पs शिक्षकन के भर्ती: BPSC जल्दी करी नियुक्ति, शिक्षा विभाग भेजलस कमेटी के अनुशंसा

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2023

राज्य में शिक्षकन के नियुक्ति के विधि सम्मत प्रक्रिया में तेजी आइल बा। बिहार लोक सेवा आयोग से प्रारंभिक, माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालयन में शिक्षकन के 1,78,967 पदन पs नियुक्ति प्रक्रिया जल्दिये सुरू होई,

Share

राज्य में शिक्षकन के नियुक्ति के विधि सम्मत प्रक्रिया में तेजी आइल बा। बिहार लोक सेवा आयोग से प्रारंभिक, माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालयन में शिक्षकन के 1,78,967 पदन पs नियुक्ति प्रक्रिया जल्दिये सुरू होई, जेमे कक्षा 1 से 5 तक 87,222, कक्षा 6 से 8 तक 1745, कक्षा 9 से 10 तक 33,000 आ कक्षा 11 से 12 तक 57,000 शिक्षकन के रिक्ति सामिल बा।

शिक्षा विभाग शिक्षकन के संबंधित पदन के स्वीकृति खातिर सोमार के मुख्य सचिव के अध्यक्षता वाली प्रशासी पदवर्ग समिति के अनुशंसा भेज देलस। मुख्य सचिव के स्तर से समिति के बैठक जल्दी होई आ ओमे वित्त विभाग के प्रधान सचिव आ शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव सामिल होई लो। समिति द्वारा संबंधित पदन पs स्वीकृति मिलला के बाद शिक्षा विभाग के ओर से पदन के मंजूरी खातिर राज्य मंत्रिमंडल में भेजल जाई।

कहां केतना पद

कक्षा 1 से 5 तक- 87,222

कक्षा 6 से 8 तक- 1745

कक्षा 9 से 10 तक- 33,000

कक्षा-11 से 12 तक- 57,000

मई में होई शिक्षकन के नियुक्ति

एकरा बाद शिक्षा विभाग द्वारा जिलेवार रिक्तियन के आलोक में रोस्टर क्लीयरेंस खातिर सब 38 जिलन के भेजल जाई आ संगही शिक्षकन के जिला संवर्ग निर्धारित होई। जिलन से रोस्टर क्लीयरेंस होके अइला के बाद शिक्षा विभाग द्वारा मई में विषयवार पदन पs शिक्षकन के नियुक्ति के अनुशंसा बिहार लोक सेवा आयोग से कइल जाई।

बढ़ सकत बा पद

शिक्षा विभाग के मोताबिक, शिक्षकन के रिक्तियन में कुछ आउर इजाफा के उम्मीद बा काहेकि सब जिलन से कोटिवार रिक्तिन के अइला पs पांच से छव हजार पदन के बढ़े के संभावना बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.