रवींद्र जडेजा के शानदार शतक, अश्विन अर्धशतक लगा के आउट, लंच तक भारत के 7 विकेट पs 468 रन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 5, 2022

भारत आ श्रीलंका के बीचे मोहाली में खेलल जा रहल पहिला टेस्ट मैच के दूसरा दिने आज रवींद्र जडेजा शानदार शतक लगा के खेल रहल बाड़े। भारत के स्कोर लंच होखे तक 468/7 बा।  रवींद्र

Share

भारत आ श्रीलंका के बीचे मोहाली में खेलल जा रहल पहिला टेस्ट मैच के दूसरा दिने आज रवींद्र जडेजा शानदार शतक लगा के खेल रहल बाड़े। भारत के स्कोर लंच होखे तक 468/7 बा।  रवींद्र जडेजा 102 आ जयंत यादव 2 रन बना के क्रीज़ पs मवजूद बा लो। रविचंद्रन अश्विन 61 रन बना के आउट भइले।

 

साभार-बीसीसीआई

 

रवींद्र जड़ेजा के शानदार शतक

जडेजा शानदार बटिंग करत भारत के स्कोर 468 तक पहुंचा देले बाड़े। 160 गेना के सामना करत ऊ आपन टेस्ट करियर के दुसरका शतक पूरा कइले। फ़र्स्ट क्लास क्रिकेट में ई उनकर 11 वां शतक हs। एकरा पहिले उनकर पहिलका शतक 2018 में आइल रहे आ ऊ वेस्टइंडीज के खिलाफ 100 रन के नाबाद पारी खेलले रहस।

साभार-बीसीसीआई

अश्विन के बेहतरीन बैटिंग

अश्विन के शानदार के अर्धशतक (61 रन) आ जडेजा के संगे 173 गेना में 130 रन के पार्टनरशिप से भारत मजबूत इस्तिथी में बा। अश्विन मात्र 67 गेना में अपना करियर के 12 वां अर्धशतक बनवले। उनका नावे 5 गो शतको बा। अश्विन के विकेट सुरंगा लकमल के मिलल हs।

साभार-बीसीसीआई

 

रोड मार्श आ शेन वार्न के श्रद्धांजली देहल गइल

रोड मार्श आ शेन वार्न के श्रद्धांजली देवे ला भारत आ श्रीलंका के टीम दुसरका दिन के खेला सुरू होखे से पहिले एक मिनट के मौन रखलस। संगही दुनों टीम के खेलाडी हाथ में करिया पट्टी लगा के खेल रहल बा लो। मालूम होखे कि काल्ह महान लेग स्पिनर शेन वार्न के 52 साल के उमिर में थाइलेंड में निधन हो गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.