असत्य पs सत्य के जीत के प्रतीक रावण के दहन कइल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 24, 2023

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह: बरहज के गहिला में रामलीला के मुख्य अतिथि जिला पंचायत प्रत्यासी अभिनव यादव उर्फ राजा आ विशिष्ठ अतिथि विजय यादव रहलें। संचालक शैलेश कुमार आ रामसमुज रहे लो । अंतिम दिन

Share

बरहज(देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह: बरहज के गहिला में रामलीला के मुख्य अतिथि जिला पंचायत प्रत्यासी अभिनव यादव उर्फ राजा आ विशिष्ठ अतिथि विजय यादव रहलें। संचालक शैलेश कुमार आ रामसमुज रहे लो ।

अंतिम दिन के रामलीला मंचन में हनुमान माता जानकी के खोज करत 100 योजन के समुद्र पार कs के लंका पहुंचत बाड़ें। जहां उनका माता जानकी अशोक वाटिका में मिलत बाड़ी। हनुमान वाटिका में फल खात बाड़ें तs राक्षस उनका के रोकत बाड़ें सs। जब राक्षस मुकाबला नइखे सs कs पावत तs मेघनाथ आवत बा। मेघनाथ हनुमान के दशानन रावण के सामने ले जात बा। लंकेश हनुमान के पूंछ को आग लगावे के आदेश देत बाड़े।

पूछ में आग लगला पs हनुमान समूचा लंका के जरा देत बाड़ें। माता सीता के पता लगवला के बाद हनुमान किष्किंधा जाके राम के बतावत बाड़ें। सभे मिलके समुद्र पार करे के योजना बनावत बा। समुद्र के पार जाये खातिर नल आ नील नाम के दुगो वानर पुल बनावत बा, जेमे आउर वानर पत्थर ले आके पुल निर्माण में सहायता करत बा लो। धीरे-धीरे पुल बन जात बा।

राम सुग्रीव सेना के संगे पुल पार करत बा लो। विभीषण रावण के समझावात बाड़ें कि माता सीता के वापस कs देस। रावण उनका के अपना राज्य से निष्कासित कs देत बा। विभीषण राम के लगे जात बाड़ें। जहा उनकर मित्रता राम से हो जात बा। रावण आ राम युद्ध में रावण के सब सगा संबधी एक-एक कs के मारल जात बा लो। अंत में रावण राम युद्ध होला। जेमे राम के हाथे रावण के वध हो जात बा आ सारा दर्शक भगवान राम के जयकारा लगावत बा लो।

अध्यक्ष राकेश यादव रामलीला में विशेष सहजोग खातिर बलिंद्रर यादव, राजेंद्र सिंह, सूरज, रामसमुज यादव, परवेज अंसारी कमेटी के सदस्यन सहित ग्रामवासियन आ क्षेत्रवासियन के धन्यवाद देलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.