मशहूर उद्योगपति रतन टाटा के निधन, 86 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 10, 2024

  प्रसिद्ध उद्योगपति रतन टाटा के निधन हो गइल बा. 86 साल के उमिर में उs आखिरी साँस लिहले. उs बहुत दिन से बेमार रहले अवुरी मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में इलाज चलत रहे।

Share

रतन टाटा के निधन: फोटो

 

प्रसिद्ध उद्योगपति रतन टाटा के निधन हो गइल बा. 86 साल के उमिर में उs आखिरी साँस लिहले. उs बहुत दिन से बेमार रहले अवुरी मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में इलाज चलत रहे। बढ़त उमिर के चलते उनुका बहुत समस्या होखत रहे।  बहुत दिन से उनुका के देश के सर्वोच्च सम्मान भारत रत्न देवे के मांग कइल जात रहे।  देश भर के जनता में रतन टाटा के अपार सम्मान रहे।

टाटा ग्रुप के बयान सामने आईल 

टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखर एह मौका पs एगो बयान जारी कइले बाड़न. उs कहले कि “अपार नुकसान के भाव से हमनी के श्री रतन नवल टाटा के विदाई देत बानी जा। एगो असाधारण नेता जिनकर अतुलनीय योगदान टाटा ग्रुप के ना खाली आकार दिहलस बलुक हमनी के राष्ट्र के बहुत ताना-बाना भी बुनवलस। टाटा ग्रुप खातिर श्री टाटा एगो चेयरपर्सन से बहुत जादा रहले। हमरा खातिर उs गुरु, मार्गदर्शक अवुरी दोस्त भी रहले।”

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.