Rajasthan School : राजस्थान में बड़ फैसला, इंदिरा गांधी के जयंती ना मनावल जाई, स्कूल के कैलेंडर से हटा दिहल गइल बा, जानी कारण का बा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2024

राजस्थान स्कूल : राजस्थान के शिक्षा मंत्री लगातार बड़-बड़ फैसला ले रहल बाड़े, जवना के तहत उहाँ बहुत बदलाव होखता। ई एगो अउरी नया फैसला लिहल गइल बा । एगो बड़ फैसला लेके राजस्थान के

Share

राजस्थान स्कूल : राजस्थान के शिक्षा मंत्री लगातार बड़-बड़ फैसला ले रहल बाड़े, जवना के तहत उहाँ बहुत बदलाव होखता। ई एगो अउरी नया फैसला लिहल गइल बा ।

एगो बड़ फैसला लेके राजस्थान के शिक्षा विभाग राज्य के सब स्कूल में इंदिरा गांधी के जयंती मनावे पs रोक लगा देलख। एकरा खातिर इंदिरा गांधी के जयंती के भी स्कूल कैलेंडर से हटा दिहल गइल बा। एतने ना, इंदिरा गांधी के पुण्यतिथि पs आयोजित सांप्रदायिक एकता सप्ताह के नाम भी बदल दिहल गइल बा। शिक्षा मंत्री मदन दिलावर ए संबंध में जानकारी देले बाड़े।

शिक्षा मंत्री मदन दिलावर कहले कि देश में बहुत महान व्यक्ति रहल बाड़े आ ई फैसला सबके सम्मान देवे खातीर लिहल गइल बा। ऊ कहले कि, इंदिरा गांधी के पुण्यतिथि के अब कौमी एकता ना कहल जाई। उनकर जयंती के स्कूल के कैलेंडर से हटा देवल गइल बा।”

दिलावर आगे कहले कि “हमनी के मातृभाषा हिन्दी हs, एही से एह हफ्ता के नाम बदल के सम्रसता सप्ताह कर दिहल गइल बा ।” ऊ इंदिरा गांधी पs इमरजेंसी लगावे के आरोप भी लगवले। ऊ कहले कि इमरजेंसी के दौरान देश में लोकतंत्र के बहुत चोट पहुंचल रहे।

शिक्षा मंत्री मदन दिलावर दोहरवले कि ए फैसला के मकसद समाज के आ महापुरुष के भी सम्मानित कइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.