तत्काल टिकट के लेके रेलवे कइलस इs बड़ बदलाव, 1 जुलाई से आई नया नियम

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2025

रेल मंत्रालय के कहनाम बा कि 1 जुलाई 2025 से ‘तत्काल’ योजना के तहत सिर्फ उहे उपयोगकर्ता टिकट बुक कs सकतारे, जवन कि आधार के माध्यम से सत्यापन कईले बाड़े। मंत्रालय 10 जून 2025 के

Share

रेल मंत्रालय के कहनाम बा कि 1 जुलाई 2025 से ‘तत्काल’ योजना के तहत सिर्फ उहे उपयोगकर्ता टिकट बुक कs सकतारे, जवन कि आधार के माध्यम से सत्यापन कईले बाड़े। मंत्रालय 10 जून 2025 के एगो सर्कुलर में सभ जोन के सूचित कईले बा कि इs फैसला ‘ई सुनिश्चित करे खातीर कईल गईल बा कि आम उपयोगकर्ता के ‘तत्काल’ योजना के लाभ मिले’।

मंत्रालय के कहनाम बा कि 1 जुलाई 2025 से ‘तत्काल’ योजना के तहत भारतीय रेलवे खानपान अवुरी पर्यटन निगम (आईआरसीटीसी) के वेबसाइट / ओकर ऐप के माध्यम से सिर्फ उहे उपयोगकर्ता के टिकट बुक कईल जा सकता, जवन कि आधार के माध्यम से सत्यापन कईले बाड़े। एकरा बाद 15 जुलाई 2025 से ‘तत्काल’ बुकिंग खातिर आधार आधारित ओटीपी प्रमाणीकरण भी अनिवार्य कs दिहल जाई।

एह सर्कुलर में कहल गइल बा कि ‘तत्काल’ टिकट भारतीय रेलवे के कम्प्यूटराइज्ड पीआरएस (पैसेंजर आरक्षण प्रणाली) काउंटर / अधिकृत एजेंट के माध्यम से बुकिंग खातिर सिस्टम से उत्पन्न ओटीपी के सत्यापन के बाद ही उपलब्ध होई, जवन बुकिंग के समय उपयोगकर्ता के ओर से दिहल मोबाइल नंबर पs भेजल जाई। एकरा के 15 जुलाई 2025 ले लागू भी कईल जाई।

परिपत्र में इहो कहल गइल बा कि भारतीय रेलवे के अधिकृत टिकट एजेंटन के ‘तत्काल’ बुकिंग विंडो खुलला के पहिला 30 मिनट में “ओपनिंग डे तत्काल” के टिकट बुक ना करे दिहल जाई. खास तौर पs एs लोग के एसी क्लास खातीर सबेरे 10 बजे से 10.30 बजे तक अवुरी गैर एसी क्लास खातीर सबेरे 11 बजे से 11.30 बजे तक ‘तत्काल’ टिकट बुक करे पs रोक लगावल जाई। मंत्रालय सेंटर फॉर रेलवे इन्फॉर्मेशन सिस्टम (सीआरआईएस) अवुरी आईआरसीटीसी के निर्देश देले बा कि उs सिस्टम में जरूरी संशोधन करे अवुरी एs बदलाव के बारे में सभ जोनल रेलवे के जानकारी देस।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.