QS Ranking 2025 जारी, इs हs भारत के टॉप 10 यूनिवर्सिटी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 11, 2024

वैश्विक उच्च शिक्षा विशेषज्ञ क्यूएस क्वाक्वेरेली साइमंड्स आजु ‘क्यूएस वर्ल्ड यूनिवर्सिटी रैंकिंग: सस्टेनेबिलिटी 2025’ के तीसरा संस्करण जारी कइलन.  एह साल आईआईटी दिल्ली एहमें पहिला स्थान हासिल कs लिहले बिया.  जारी रैंकिंग के मुताबिक भारतीय

Share

QS Ranking 2025

वैश्विक उच्च शिक्षा विशेषज्ञ क्यूएस क्वाक्वेरेली साइमंड्स आजु ‘क्यूएस वर्ल्ड यूनिवर्सिटी रैंकिंग: सस्टेनेबिलिटी 2025’ के तीसरा संस्करण जारी कइलन.  एह साल आईआईटी दिल्ली एहमें पहिला स्थान हासिल कs लिहले बिया.  जारी रैंकिंग के मुताबिक भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान दिल्ली (आईआईटी, दिल्ली) भारत के वैश्विक स्तर पs 171वां स्थान प सबसे ऊपर बा, जवन कि 255 रैंक के सुधार बा।  दूसरा स्थान पs आईआईटी खड़गपुर बा जवन 202 के ग्लोबल रैंक हासिल कइले बा, जवन 147 रैंक के सुधार कइले बा, आ तीसरा स्थान पs आईआईटी बंबई बा जवन 69 रैंक के सुधार (ग्लोबल रैंक 234) कइले बा.

2025 के क्यूएस सस्टेनेबिलिटी रैंकिंग में कुल 77 गो भारतीय विश्वविद्यालय शामिल बाड़ें आ एह साल देश के टॉप 10 में से नौ गो संस्थान अपना रैंकिंग में सुधार कइले बाड़ी सँ.  अबकी बेर कुल 21 गो विश्वविद्यालय एह रैंकिंग में नया बा.  नीचे टॉप 10 के लिस्ट देख सकेनी। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोजे 5 मिनट ले करीं 4 गो योगासन, आंख के पफीनेस होई दूर

*भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान दिल्ली (आईआईटीडी), रैंक- 171

*भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान खड़गपुर (आईआईटी-केजीपी), रैंक-202

*भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान बॉम्बे (आईआईटीबी), रैंक- 234

*भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान कानपुर (आईआईटीके), रैंक- 245

*भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान मद्रास (आईआईटीएम), रैंक- 277 

*दिल्ली विश्वविद्यालय, रैंक- 299

*भारतीय विज्ञान संस्थान, रैंक- 376 

*वेल्लोर प्रौद्योगिकी संस्थान (वीआईटी), रैंक- 396 

*मणिपाल उच्च शिक्षा अकादमी – मणिपाल विश्वविद्यालय (एमएएचई), रैंक- 401 

*अन्ना विश्वविद्यालय, रैंक- 412

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.