पीवी सिंधु आ शरत कमल कइले ओपनिंग सेरेमनी में भारतीय दल के अगुवाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

    फ्रांस के राजधानी पेरिस में 33वां ग्रीष्मकालीन उद्घाटन खेल के उद्घाटन समारोह शुरू हो गइल बा जवना में ओलंपिक के इतिहास में पहिला बेर स्टेडियम के जगहा नदी में राष्ट्रन के परेड करावल

Share

 

 

फ्रांस के राजधानी पेरिस में 33वां ग्रीष्मकालीन उद्घाटन खेल के उद्घाटन समारोह शुरू हो गइल बा जवना में ओलंपिक के इतिहास में पहिला बेर स्टेडियम के जगहा नदी में राष्ट्रन के परेड करावल जा रहल बा. पेरिस के सीन नदी पs भइल परेड ऑफ नेशंस में जहाँ नाव पs यूनानी एथलीट पहिला बेर आइल रहले ओहिजा भारतीय एथलीट भी बहुते उत्साह से नजर अइले जवना में ओलंपिक में भाग लेबे गइल 117 गो भारतीय एथलीटन के समूह में से 78 गो एथलीट , उद्घाटन समारोह में भाग लिहले।

पीवी सिंधु आ शरत कमल कइले ओपनिंग सेरेमनी में भारतीय दल के अगुवाई

पेरिस ओलंपिक के उद्घाटन समारोह में भारत के तरफ से परेड ऑफ नेशंस में पीवी सिंधु जहां महिला झंडा वाहक के नेतृत्व कईली, उहें टेबल टेनिस खिलाड़ी शरथ कमल पुरुष झंडा वाहक के नेतृत्व कईले। एह दौरान नाव में सवार अउरी भारतीय एथलीट लोग भी बड़ा उत्साह से देखल गईल, सब लोग के हाथ में तिरंगा रहे अउरी उहो लहरा के दर्शकन के अभिवादन स्वीकार करत रहे। सीन नदी पs आयोजित एह उद्घाटन समारोह में 6 किलोमीटर लंबा रास्ता बिछावल गइल बा। अबकी ओलंपिक में भाग लेबे खातिर भारत गइल बहुते एथलीट अपना इवेंट में पदक जीते के दावेदारन में शामिल बाड़े जवना में एथलेटिक्स के अलावे देश के शूटिंग में अउरी पदक जीते के उमेद बा.

पहिला दिन भारतीय हॉकी टीम के प्रदर्शन पर भी नजर रही

उद्घाटन समारोह के संगे 27 जुलाई के पेरिस ओलंपिक के पहिला दिन भारतीय एथलीट के एक्शन में देखाई दिही, एकरा अलावे हॉकी टीम आपन अभियान भी शुरू करी जवना में ओकर मुकाबला न्यूजीलैंड के टीम से होई, जवना पs सभके नजर होखे वाला बा। भारतीय हॉकी टीम टोक्यो ओलंपिक 2020 में कांस्य पदक जीते में सफल भइल रहे जवना में अबकी बेर ओकरा से अउरी बढ़िया प्रदर्शन के उमेद बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.