पुणे में 21 साल के लइकी से गैंगरेप, दोस्ते के साथे निकलल रहे घूमे

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 4, 2024

  पुणे के बोपदेव घाट में 21 साल के बच्ची के संगे सामूहिक बलात्कार के दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक पीड़िता अपना दोस्त के संगे बोपदेव घाट गईल रहली।

Share

अपराध: फोटो

 

पुणे के बोपदेव घाट में 21 साल के बच्ची के संगे सामूहिक बलात्कार के दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक पीड़िता अपना दोस्त के संगे बोपदेव घाट गईल रहली। ओह दौरान 3 अनजान लोग ओकरा संगे सामूहिक बलात्कार कs के उहाँ से भाग गईले। इs घटना बियफ़ें के रात करीब 11 बजे भईल। कोंढवा थाना में मामला दर्ज करावल गईल बा। पुणे पुलिस के क्राइम ब्रांच आरोपी के तलाश में जुटल बिया। जानकारी के मुताबिक अपराध शाखा के 10 टीम आरोपी के तलाश में जुटल बिया।

लईकिन के सुरक्षा पs ध्यान देवे के होई

एs मामला में शिवसेना (उद्धव बालासाहेब ठाकरे) के प्रवक्ता आनंद दुबे कहले कि कोंढवा, पुणे से आवत खबर इs बा कि हमनी के एगो बहिन के सामूहिक बलात्कार अवुरी 3 अपराधी अपहरण कs लेले। महाराष्ट्र राज्य में कानून व्यवस्था टूट गईल बा। एक तरफ नवरात्रि के पवन पर्व चल रहल बा। दूसर ओर अइसन घटना हमनी के हिला देवेला। सिर्फ लाड़ली बहन योजना चलावल काफी ना होई, ओकनी के सुरक्षा के भी ख्याल राखे के होई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.