जापान में महसूस कइल गइल भूकंप के जोरदार झटका, जारी कइल गईल सुनामी के चेतावनी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 8, 2024

  जापान में भूकंप : जापान में भूकंप के तेज भूकंप महसूस भइल बा। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.9 नापल गईल बा। भूकंप के चलते सुनामी के चेतावनी भी जारी कईल गईल बा।

Share

 

जापान में भूकंप : जापान में भूकंप के तेज भूकंप महसूस भइल बा। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.9 नापल गईल बा। भूकंप के चलते सुनामी के चेतावनी भी जारी कईल गईल बा। दक्षिणी जापान में भूकंप के झटका मियाजाकी इलाका में महसूस भइल बा. जापान के तटीय इलाका मिायजाकी, कोची, इहिमे, कागोशिमा आ ऐटा में भी सुनामी के अलर्ट जारी कइल गइल बा।

अलग-अलग श्रेणी के भूकंप

भूकंप के तीव्रता के हिसाब से अलग-अलग श्रेणी में राखल जाला।  2.5 से 5.4 तीव्रता वाला भूकंप छोट श्रेणी में आवेला। 5.5 से 6 के तीव्रता वाला भूकंप के हल्का खतरनाक भूकंप मानल जाला, जवना में मामूली नुकसान के संभावना होखेला। अगर 6 से 7 तीव्रता के भूकंप आवे तs नुकसान के संभावना भी बढ़ जाला। 7 से 7.9 तीव्रता वाला भूकंप के खतरनाक मानल जाला। एह तीव्रता के भूकंप के कारण भवन सभ में दरार भा ढह जाए के संभावना होला। एकरा से ऊपर के तीव्रता वाला सभ भूकंप के बेहद खतरनाक श्रेणी में राखल जाला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.