कानपुर हिंसा खुली राज, जफर हयात समेत चार आरोपियन के पुलिस के मिलल 72 घंटा के रिमांड

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 9, 2022

तस्वीर साभार: ANI तीन जून के कानपुर में भइल हिंसा के पीछे कवन-कवन लोग शामिल रहे, जल्दिये एकर राज के पर्दाफाश हो जाई। कानपुर हिंसा के मुख्य आरोपी जफर हयात समेत चार आरोपियन के पुलिस

Share

तस्वीर साभार: ANI

तीन जून के कानपुर में भइल हिंसा के पीछे कवन-कवन लोग शामिल रहे, जल्दिये एकर राज के पर्दाफाश हो जाई। कानपुर हिंसा के मुख्य आरोपी जफर हयात समेत चार आरोपियन के पुलिस के 72 घंटा के रिमांड मिल चुकल बा। बियफे के पुलिस  हयात समेत चारों आरोपियन के कोर्ट में पेश कs के अदालत से आरोपियन के रिमांड मंगले रहे। सुनवाई के दौरान कोर्ट चारो आरोपियों के पुलिस को 72 घंटा रिमांड पs देवे के आदेश दे देलस।

पुलिस अब चारों आरोपियन के रिमांड पs लेके कानपुर हिंसा के लेके पूछताछ करी। पूछताछ में आरोपी हिंसा के लेके कइल गइल षड्यंत्रन के उगल सकत बा लो। बता दीं कि कानपुर हिंसा में पांच जून के आरोपित जफर हयात के तीन साथियन समेत अतवार के कोर्ट में पेश कइल गइल रहे। कोर्ट में पेशी के बाद आरोपितन के 14 दिन के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल रहे। लखनऊ से गिरफ्तार कइल गइल जफर हयात आ साथियन के कड़ा सुरक्षा घेरा में कानपुर ले आवल गइल। जफर आ साथियन से पूछताछ के बाद कड़ा चौकसी में कचहरी ले आवल गइल रहे। कचहरी के अगल-बगल घेराबंदी कइल गइल रहे। एह दौरान आसपास के सड़कन तक छावनी में तब्दील हो गइल। नाया सड़क में भारी फोर्स लगावल गइल रहे। न्यायालय में पेश कइला के बाद सभे के 14 दिन खातिर जेल भेज दिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.