Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राहुल गांधी पे पीएम मोदी के हमला, कहन – ‘लंदन में कुछ लोग लोकतंत्र के अपमान करतारे’।

गोरखपुर: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी रविवार के कांग्रेस नेता राहुल गांधी के बिना नाम लिहले अप्रत्यक्ष निशाना बनावत कहले कि लंदन के कुछ लोग भारत के लोकतंत्र पे सवाल उठावत बाड़े। पीएम मोदी कर्नाटक में बाने । प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हुबली-धारवाड में कई गो विकास परियोजना के उपहार में देले बाने । उ दुनिया के सबसे लंबा रेलवे प्लेटफार्म के समर्पित कईले।

465

भाजपा के डबल इंजन सरकार पूरा राज्य में विकास ले आवता’

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहले बाड़न कि कर्नाटक के हर व्यक्ति के सुखी जीवन जीए के चाहीं, एहिजा के नवहियन के रोजगार के अवसर मिले के चाहीं, एहिजा के बहिन-बेटी के अउरी सशक्त बनावे के चाहीं, हमनी का मिलजुल के एह दिशा में काम करत बानी जा| भाजपा के डबल इंजन सरकार पूरा राज्य के पूरा विकास खातिर ईमानदारी से प्रयास कर रहल बिया। आज धारवाड़ के एह धरती पर विकास के एगो नया धारा उभर रहल बा। विकास के इ धारा हुबली-धारवाड के संगे पूरा कर्नाटक के सिंचाई के काम करी।

लंदन के धरती से भारतीय लोकतंत्र पे सवाल उठता – पीएम मोदी
पीएम मोदी कहले- इ दुर्भाग्य बा कि लंदन के धरती से भारतीय लोकतंत्र पे सवाल उठता। अइसन कवनो ताकत नइखे जवन भारतीय लोकतंत्र के कमजोर कर सके| लेकिन एकरा बावजूद भारतीय लोकतंत्र पे हमला करे खाती कुछ लोग लगातार प्रयास करतारे। ई लोग भगवान बसवेश्वर, कर्नाटक के जनता आ भारत के जनता के अपमान कर रहल बाने । कर्नाटक के अयीसन लोग से दूर रहे के चाही।
पीएम मोदी कहले कि कनेक्टिविटी के मामला में कर्नाटक आज एगो अउरी मील के पत्थर छू चुकल बा। अब सिद्दारुधा स्वामीजी स्टेशन पे दुनिया के सबसे बड़ प्लेटफार्म बा। ई ओह सोच के विस्तार ह जवना में हमनी का बुनियादी ढांचा के प्राथमिकता देत बानी जा| केंद्र अउरी राज्य सरकार मिल के साफ पिए के पानी के इंतजाम करतिया। जल जीवन मिशन के तहत एक हजार करोड़ से अधिका के परियोजना के शिलान्यास हो गईल बा।

479240cookie-checkराहुल गांधी पे पीएम मोदी के हमला, कहन – ‘लंदन में कुछ लोग लोकतंत्र के अपमान करतारे’।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.