Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM Modi security breach:  विजयवाड़ा में पीएम मोदी के सुरक्षा में चूक! हेलीकाप्टर के लगे उड़ल करिया गुब्बारा, 4 कांग्रेसी गिरफ्तार

पीएम मोदी के आंध्र प्रदेश दौरा के दौरान कांग्रेस कार्यकर्ता एगो अनोखा विरोध प्रदर्शन कइले अवुरी हवा में करिया गुब्बारन के छोड़ले। एह ममिला में अभी तक 4 कांग्रेस कार्यकर्ता के गिरफ्तार कइल गइल बा। एह लोग के अदालत में पेश कइल जाई।

684

आंध्र प्रदेश के विजयवाड़ा में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हेलीकाप्टर के सोझा करिया गुब्बारन के उड़ावे के आरोप में अबले चार गो कांग्रेसियन के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। दरअसल, पीएम मोदी के आंध्र यात्रा के दौरान कांग्रेस कार्यकर्ता अनोखा तरीका से विरोध कइले अवुरी हवा में करिया गुब्बारन के छोड़ले। सफाई जारी करत पुलिस कहलस कि इ सुरक्षा चूक के ममिला नइखे।

आंध्र प्रदेश के कृष्ण जिला के डीएसपी विजय पाल कहले कि, ‘एह मामला में कुल 4 कांग्रेसियन के गिरफ्तार कइल गइल बा।’ अबहीं कुछ अउरी गिरफ्तारी बाकी बा। चारो कांग्रेसियन के अदालत में पेश कइल जाई। पुलिस सफाई जारी करत कहलस कि पीएम मोदी के गन्नावरम दौरा के दौरान सुरक्षा में कवनो चूक ना भइल। पीएम के उड़ान भरला के 5 मिनट बाद गुब्बारा उड़ा दिहल गइल।

पुलिस राजीव के हिरासत में ले लिहलस

मीडिया रिपोर्टस के मोताबिक विजयवाड़ा कांग्रेस कार्यकर्ता राजीव के पुलिस हिरासत में लेले बिया। उनुका पs एह प्रदर्शन के योजना बनावे के आरोप बा। बतावल जा रहल बा कि जइसहीं पीएम मोदी के हेलीकाप्टर विजयवाड़ा से भीमवराम खातिर उड़ान भरलस, कांग्रेस कार्यकर्ता एगो निर्माणाधीन भवन से करिया गुब्बारन के उड़ा दिहले।

प्रदर्शनकारी मोदी गो बैक के नारा लगवले

एह दौरान कांग्रेस कार्यकर्ता मोदी गो बैक के नारो लगावल लो। धेयान देवे आला बात ई बा कि पीएम मोदी आजु भीमवराम में एगो कार्यक्रम में शामिल भइलन। ऊ सोमार के सबेरे 10:10 बजे हैदराबाद से विशेष उड़ान में गन्नावरम के विजयवाड़ा अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा खाती उड़ान भरले। एहिजा से पीएम मोदी हेलीकाप्टर से भीमावराम रवाना हो गइलें आ 11 बजे भीमवराम में महान स्वतंत्रता सेनानी अल्लूरी सीतारामा राजू के मूर्ति के अनावरण कइलें।

286330cookie-checkPM Modi security breach:  विजयवाड़ा में पीएम मोदी के सुरक्षा में चूक! हेलीकाप्टर के लगे उड़ल करिया गुब्बारा, 4 कांग्रेसी गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.