फोन पs बात कइल पड़ी महंगा! जियो, एयरटेल आ VI के प्लान होई महंगा, 20% ले बढ़ी कीमत

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2022

  देश में प्राइवेट सेक्टर के टॉप तीन टेलीकॉम ऑपरेशन चालू वित्त वर्ष के दूसरा तिमाही से एक बेर फेर से टेरिफ प्लान में बढ़ोतरी कs सकत बाड़ी सs। मंगर के जारी एगो रिपोर्ट में

Share

 

देश में प्राइवेट सेक्टर के टॉप तीन टेलीकॉम ऑपरेशन चालू वित्त वर्ष के दूसरा तिमाही से एक बेर फेर से टेरिफ प्लान में बढ़ोतरी कs सकत बाड़ी सs। मंगर के जारी एगो रिपोर्ट में एकर जानकारी दिहल गइल बा। ओमे इहो कहल गइल बा कि वित्त वर्ष 2022-23 में एह कंपनियन के आय 20-25 प्रतिशत तक बढ़ सकत बा।

घरेलू रेटिंग एजेंसी क्रिसिल के रिपोर्ट

घरेलू रेटिंग एजेंसी क्रिसिल के शोध इकाई के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा कि उद्योग खातिर नेटवर्क आ स्पेक्ट्रम में निवेश करे खातिर प्रति उपयोगकर्ता औसत राजस्व में वृद्धि जरूरी बा। जदि ऊ अइसन ना करी लो तs सेवा के गुणवत्ता खराब हो सकती बा। रिलायंस जियो के अइला के बाद शुरू भइल तेज प्रतिस्पर्धा के बाद उद्योग दिसंबर 2019 से शुल्क दर में बढ़ोतरी शुरू कs देले रहे।

15-20 प्रतिशत ले हो सकत बा बढ़ोतरी

रिपोर्ट के मोताबिक, ‘‘…टॉप तीन कंपनियन के राजस्व में चालू वित्त वर्ष के दौरान 20-25 प्रतिशत के जोरदार वृद्धि होखे के उम्मीद बा।’’ रिपोर्ट में आगे कहल गइल कि 2021-22 में प्रति उपयोगकर्ता औसत राजस्व (एआरपीयू) में पांच प्रतिशत के स्लो बढ़ोतरी के बाद अब 2022-23 में 15-20 प्रतिशत तक के वृद्धि के उम्मीद बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.