JP यूनिवर्सिटी में 6 मार्च तक होई पीजी में नामांकन: 4486 सीटन पs 2850 छात्र कइल लो अप्लाय, 3060 रुपिया लागी शुल्क

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2024

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में पीजी में नामांकन के तारीख के विस्तारित करत 6 मार्च तक आदेस पारित कइल गइल बा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर प्रमेन्द्र कुमार वाजपेयी पत्र जारी करत विश्वविधालय के पीजी

Share

PHD Enterance Exam

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में पीजी में नामांकन के तारीख के विस्तारित करत 6 मार्च तक आदेस पारित कइल गइल बा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर प्रमेन्द्र कुमार वाजपेयी पत्र जारी करत विश्वविधालय के पीजी विभाग के निर्देशित कइले बाड़ें।

सत्र 2022-24 खातिर जयप्रकाश यूनिवर्सिटी के पीजी में सब 17 विभागन के 29 फरवरी तक ऑनलाइन फॉर्म भरे के तारीख जारी भइल रहे। बाकिर छात्रन के सुविधा के देखत दोबारा से नामांकन के तारीख के विस्तारित कइल गइल बा।

3060 रुपिया लागी नामांकन शुल्क

जेपी यूनिवर्सिटी सहित सब अंगीभूत कॉलेज के तारीख विस्तारण के बादो नामांकन होई। एकरा खातिर जय प्रकाश विश्वविद्यालय के ऑफिशियल वेबसाइट पs गूगल फॉर्म के भरे के होई। पहिले से जारी आदेस के अनुसार पीजी के जवना विषयन में प्रैक्टिकल आयोजित करावल जाला। ओमे नामांकन खातिर 3060 रुपिया शुल्क लागी।

ओहिजा, जवना विषयन में प्रैक्टिकल ना होला। ओमे नामांकन खातिर 2560 रुपिया शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। नामांकन फार्म के शुल्क 25 रुपिया बा। समस्त छात्रा लोग तथा एससी-एसटी छात्रन खातिर नामांकन निशुल्क बा।

छपरा, सीवान आ गोपालगंज के सब पीजी कॉलेज आ जेपीयू के पीजी विभाग में 4486 सीटन पs भौतिकी, रसायन शास्त्र, गणित, जूलॉजी, बॉटनी, हिंदी, अंग्रेजी, संस्कृत, उर्दू, इतिहास, अर्थशास्त्र, मनोविज्ञान, दर्शनशास्त्र, राजनीति विज्ञान, भूगोल, वाणिज्य आ गृह विज्ञान विभाग में नामांकन खातिर लिस्ट जारी कइल गइल बा। हालांकि कइयन विषयन में नामांकन के लेके प्रतिस्पर्धा नइखे। कुल उपलब्ध सीट पs नामांकन खातिर महज 2850 छात्र अप्लाय कइले बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.