CEC के नियुक्ति पs सुप्रीम कोर्ट में याचिका, कहलें- सरकार के अपॉइंटमेंट करे से रोकल जाव

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2024

मुख्य चुनाव आयुक्त (CEC) के नियुक्ति के लेके सोमार के सुप्रीम कोर्ट में याचिका दाखिल कइल गइल बा। याचिकाकर्ता कहलें कि सरकार के CEC आ आउर चुनाव आयुक्तन के नियुक्त से रोकल जाव। चुनाव आयोग

Share

मुख्य चुनाव आयुक्त (CEC) के नियुक्ति के लेके सोमार के सुप्रीम कोर्ट में याचिका दाखिल कइल गइल बा। याचिकाकर्ता कहलें कि सरकार के CEC आ आउर चुनाव आयुक्तन के नियुक्त से रोकल जाव। चुनाव आयोग में एह समय दुगो चुनाव आयुक्तन (ECs) के पद खाली बा। एकरा के भरल जाये के लेके प्रधानमंत्री के अध्यक्षता वाला पैनल के 13 भा 14 मार्च के बैठक हो सकत बा।

अभी चुनाव आयोग में खाली CEC राजीव कुमार बचल बाड़ें। एगो चुनाव आयुक्त अनूप चंद्र पांडे फरवरी में रिटायर हो गइल रहस। दूसरका, अरुण गोयल आठ मार्च के सबेरे अचानक इस्तीफा दे देलें, जवना के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू नव मार्च के स्वीकार कs लेली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.