पटना वीमेंस कॉलेज के नैक से A++ ग्रेड मिलल : सात बिंदुअन पs भइल मूल्यांकन

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2024

पटना विमेंस कॉलेज के नैक के ओर से A++ ग्रेड मिलल बा। नैक पीयर टीम दु आ तीन मई के कॉलेज के मूल्यांकन कइले रहे। एह उपलब्धि पs कॉलेज के प्राचार्य सिस्टर एम रश्मि एसी

Share

पटना विमेंस कॉलेज के नैक के ओर से A++ ग्रेड मिलल बा। नैक पीयर टीम दु आ तीन मई के कॉलेज के मूल्यांकन कइले रहे। एह उपलब्धि पs कॉलेज के प्राचार्य सिस्टर एम रश्मि एसी खुसी जतवले बाड़ी। ऊ कहली कि सभे के मेहनत आ लगन के कारण कॉलेज के एतना अच्छा ग्रेड मिलल बा।

नैक पीयर टीम के ओर से कॉलेज के बेहतरी खातिर अनुशंसा कइल गइल बा। एमे नया यूजी आ पीजी कोर्सेस के सुरुआत के सुझावो दिहल गइल रहे, जवना पs जल्दिये काम कइल जाई।

सात बिंदुअन पs कइल गइल मूल्यांकन

नैक के ओर से सात बिंदुअन पs कॉलेज के मूल्यांकन कइल जाला। एमे कॉलेज के कुल चार में से 3.51 सीजीपीए प्राप्त भइल बा। सात बिंदुअन में करिकुलर आस्पेक्ट में 3.67, टीचिंग,लर्निंग एंड इवोल्यूशन में 3.64, रिसर्च इनोवेशन एंड एक्सटेंशन में 2.89, इन्फ्रास्ट्रक्चर एंड लर्निंग रिसोर्सेज में 3.65,स्टूडेंट सपोर्ट एंड प्रोग्रेसन में 2.99, गवर्नेंस लीडरशिप एंड मैनेजमेंट में 3.75 आ इंस्टीट्यूशनल वैल्यू एंड बेस्ट प्रैक्टिसेज में औसत 3.94 ग्रेड प्वाइंट मिलल बा।

राज्यपाल देलें बधाई

बिहार के राज्यपाल राजेन्द्र विश्वनाथ आर्लेकर प्राचार्य डॉ. सिस्टर एम रश्मि एसी के बधाई देले बाड़ें। राज्यपाल सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें,’ पटना विश्वविद्यालय के पटना विमेंस कॉलेज A++ ग्रेड प्राप्त होखला पs महाविद्यालय परिवार के हार्दिक बधाई।’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.